[the_ad_group id="30365"]

अब महिला अधिकारी चलइहें हौवित्जर तोप आ रॉकेट सिस्टम , कमांड रोल खातिर होई ट्रेनिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय सेना के महिला अधिकारी के प्रशिक्षण : भारतीय सेना अब हावित्जर तोप आ रॉकेट सिस्टम कमांड खातीर महिला अधिकारी के प्रशिक्षण देवे वाली बिया।  सेना कर्नल आ ओकरा बाद के कमांड आ नेतृत्व के भूमिका खातिर महिला अधिकारियन के प्रशिक्षित करे के कोशिश तेज कइले बिया।  ऑफिसर्स ट्रेनिंग एकेडमी से पास होखला के बाद पाँच गो महिला कैडेटन के फ्रंटलाइन आर्टिलरी रेजिमेंट में कमीशन दिहल तय बा।
अफसर ट्रेनिंग अकादमी के पासिंग आउट परेड 29 अप्रैल के चेन्नई में करावल जाई।  शनिवार के एगो वरिष्ठ अधिकारी कहले कि,” सेना कई स्तर पr अयीसन श्रृंखला शुरू कईले बिया ताकि इ सुनिश्चित कईल जा सके कि महिला अधिकारी के नेतृत्व के भूमिका खातीर सशक्त बना के बल तेजी से समावेशीता के ओर बढ़े।”

महिला अधिकारी के विशेष रिक्ति 

एह साल के शुरुआत में एगो विशेष चयन बोर्ड के माध्यम से सेना कर्नल रैंक के 108 महिला अधिकारी के कमांड असाइनमेंट खातीर कई नीति में ढील देले रहे।  अधिकारी कहले कि सरकार ए महिला अधिकारी खातीर विशेष रूप से 150 अतिरिक्त रिक्ति जारी कईले बिया।  एहसे पुरुष अधिकारी खातीर उपलब्ध रिक्ति पे कवनो असर नईखे पड़त।

महिला ऑफिसर्स चलइहें हौवित्जर तोप

ओटीए पासिंग आउट परेड के बाद पहिला बेर आर्टिलरी रेजिमेंट में महिला अधिकारी के शामिल करे के इ एगो बड़ कदम बा।  एकर 280 से ढेर यूनिट बाड़ी सऽ जे कई किसिम के हौवित्जर, तोप, बंदूक आ मल्टीपल-लॉन्च रॉकेट सिस्टम सभ के संभाले लीं।  अल्प सेवा आयोग (एसएससी) के अधिकारी के रूप में मात्र 10-14 साल बाद सेवा छोड़े के मजबूर होखे के बजाय महिला अधिकारी के सेना में 2020-21 से स्थायी आयोग (पीसी) मिले लागल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]