[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में महिला लोगन के जल्दिये मिली मोबाइल पिंक टॉयलेट : कबाड़ बसन से बनल बा मोबाइल पिक टॉयलेट, बगल में बनल बा कैफेटेरिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर शहर में आ रहल महिला लोगन खातिर राहत भरल खबर बा। नगर निगम महिला लोगन के ‘मोबाइल पिंक टॉयलेट’ के तोहफा देवे जा रहल बा। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल के पहल पs दुगो कबाड़ बसन के अपडेट कs के मोबाइल पिंक टॉयलेट बनावल गइल बा। एगो बस आके पैडलेगंज के लगे लाग गइल बिया। एकरा के सजावल जा रहल बा। जल्दिये ई महिला लोगन खातिर उपलब्ध हो जाई।

नगर निगम कबाड़ से जुगाड़ कs के दुगो पिंक बसन के अपग्रेड कs रहल बा। कोटक महेंद्रा बैंक CSR फंड से मदद कइले बा। निगम परिवहन निगम से कंडम घोषित हो चुकल बसन के किन के पुणे के एजेंसी को एकर जिम्मा देले रहे। सीएम के कार्यक्रम खातिर एगो बस आ गइल रहे जबकि दूसरको एक हफ्ता के भीतर आ जाई।

महिला लोगन के मिली संचालन के जिम्मा

मोबाइल पिंक टॉयलेट बस के संचालन के जिम्मा स्वंय सहायता समूह के महिला लोगन के दी, जवना से महिला लोगन के आवे-जाये में कवनो तरे के संकोच ना होखे। उप नगर आयुक्त आ स्वच्छ भारत मिशन के नोडल अधिकारी डॉ. मणिभूषण तिवारी बतवलें कि बस में इंडियन आ वेस्टर्न स्टाइल टॉयलेट के सुविधा रही।

एह सुविधन से लैस होई पिंक टॉयलेट

टॉयलेट के भीतर वॉशबेसिन, लईकन के डायपर बदले, सेनेटरी नैपकिन वेंडिंग मशीन, इंसीनिरेटर लागल होई। एसे गंदगी ना फइली। पिंक बस में आगे के ओर टॉयलेट के सुविधा होई। जबकि पीछे के तरफ कैफे के बेव्स्था रही। इहां फास्ट फूड के संगे कॉफी, दूध, बिस्किट आ आउर खाये पीये के सामान मिली। बस के पूरा तरे से लग्जरी बनावल जा रहल बा। एमे साफ-सफाई के विशेष इंतजाम रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]