Women Employement: 69.2 करोड़ महिला लोगन में से 37% के मिलल रोजगार, हैदराबाद सहित ई शहर में सबसे आगे

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2024

देस में करीब 69.2 करोड़ महिला लोगन के आबादी में से लगभग 37 फीसदी सक्रिय रूप से काम कs रहल बा।करिअर नेट के रिपोर्ट के अनुसार, हैदराबाद, पुणे आ चेन्नई जइसे शहर महिला रोजगार के

Share

देस में करीब 69.2 करोड़ महिला लोगन के आबादी में से लगभग 37 फीसदी सक्रिय रूप से काम कs रहल बा।करिअर नेट के रिपोर्ट के अनुसार, हैदराबाद, पुणे आ चेन्नई जइसे शहर महिला रोजगार के ममिला में शीर्ष पs बा। 2022 के तुलना में 2023 में जूनियर स्तर पs आ कंपनियन के बोर्ड में महिला लोगन के प्रतिनिधित्व में 2-5 फीसदी के बढ़न्ती भइल।

रिपोर्ट के मोताबिक, 2023 में कॉलेजन से निकलल प्रतिभा लोगन में से 40 फीसदी महिला रहे लो। तीन आ सात बरिस के अनुभव वाली महिला उम्मीदवारन के कुल नियुक्तियन के 20-25 फीसदी बा। दिल्ली आ राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र माने एनसीआर के छोड़के देस के अधिकांश प्रमुख शहरन में महिला लोगन के नियुक्ति अनुपात में मामूली बढ़न्ती भइल बा।

सबसे आगे हैदराबाद, दिल्ली-एनसीआर में गिरावट

हैदराबाद 34 फीसदी नियुक्ति दर के संगे सबसे आगे बा। पुणे में ई दर 33 फीसदी आ चेन्नई में 29 फीसदी बा। दिल्ली-एनसीआर में 20 फीसदी के गिरावट देखल गइल बा। ई रिपोर्ट 25,000 नौकरी प्लेसमेंट के विश्लेषण के संगे तइयार कइल गइल बा।

बैंकिंग, वित्तीय सेवा में जादे भर्ती 

विश्लेषण से पता चलल बा कि बैंकिंग, वित्तीय सेवा आ बीमा में महिला लोगन के भर्ती के रुझान बढ़ल बा। जहां शहरी आबादी में 30 फीसदी संगठित क्षेत्र में नियुक्त बा, ओहिजा ग्रामीण क्षेत्र से पांच फीसदी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.