[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में महिला के फावड़ा से काटके हत्या: सबेरे घर से निकलल रही, खेत में मिलल लाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में एगो महिला के फावड़ा से काटके हत्या कs दिहल गइल। ओकर खून से लथपथ लाश गांवे के एगो खेत में मिलल। परिवार के लोग महिला के अस्पताल लेके पहुंचल। बाकिर डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल। घटना हरपुरबुदहट इलाका के चरनाद छपिया गांव के हs।

सूचना पावतही SSP डॉ. गौरव ग्रोवर पुलिस फोर्स के संगे मवका पs पहुंच गइलें आ घटना स्थल के जायजा लेला के संगही परिवार के लोगन से बातचीत कइलें। पुलिस महिला के शव कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर भेज दिहल। ओकरा बाद ममिला के छानबीन में जुट गइल।

सबेरे शौच खातिर निकलल रही संगीता

परिवार के लोग पुलिस के बतावल कि हरपुरबुदहट इलाका के चरनाद छपिया गांव के रहे वाला रविंद्र यादव के पत्नी संगीता यादव (40) बियफे के सबेरे घर से शौच खातिर खेत के तरफ गइल रहली।

बाकिर बहुत देर बीत गइला के बादो ऊ घरे ना लवटली। परिवार के लोग जब उनका के गांव में खोजल सुरू कइल तs गांव के सिवान के लगे ऊ खून से लथपथ हालत में पड़ल मिलली।

गांव के जुवक पs हत्या के आरोप

परिवार के लोग उनका के लेके अस्पताल पहुंचल। बाकिर डॉक्टर लोग मृत घोषित कs दिहल। परिजनन के आरोप बा कि गांव के अजीत यादव संगीता के फावड़ा से काटके हत्या कs देलस।

फिलहाल, पुलिस ममिला के पड़ताल में जुटल बा। SSP डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें परिवार के लोगन के तहरीर के आधार पs केस दर्ज कs के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]