[the_ad_group id="30365"]

बरहज क्षेत्र में महिला के बेरहमी से हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह: उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के बरहज क्षेत्र में दिल दहलाने वाला ममिला सामने आइल बा। जेमें महिला के हत्या कs के शव के गद्दा में लपेट के आ और गोड़ के काटके बैग में भरकर भलुअनी थानाक्षेत्र के जोगिया गांव स्थित पुलिया के लगे फेंक दिया दिहल गइल। क्षत-विक्षत शव मिलला से क्षेत्र में सनसनी फइल गइल। जवना के देखे खातिर बड़ संख्या में लोग जमा हो गइल। मदनपुर आ भलुअनी पुलिस जांच में जुटल बिया।

बेलडाड़ कठिनईया मार्ग पs मुंडेरा गांव के पुलिया के लगे सनीचर के सबेरे लोग गद्दा आ बैग बिखरल देखल। दुर्गंध अइला पs एकर सूचना भलुअनी पुलिस के दिहल। मवका पs पहुंचल भलुअनी पुलिस गद्दा के जांच कइलस तs ओमे एगो महिला के शव लिपटा मिलल। बैग में महिला के कटल दुनो गोड़ पैक कइल रहे। शव से दुर्गंध उठत रहे, जवना से अनुमान लगावल जा रहल बा की दु-तीन दिन पहिले हत्या कs के शव के छिपावे के नीयत से ले आके फेंक दिहल गइल रहे। अभी तक महिला के पहचान नइखे हो सकल।

क्षेत्राधिकारी अंशुमन श्रीवास्तव बतवलें कि एगो अज्ञात महिला के शव मिलल बा। जवना के पहचान अभी तक नइखे हो सकल। शव के पहचान करे के प्रयास कइल जा रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बादे कवनो तथ्य सामने आई आ जल्दिये एकर खुलासा कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]