[the_ad_group id="30365"]

एमपी में रेलवे ट्रैक पs घंटन ले पड़ल रहे महिला के शव, कई गो ट्रेन ऊपर से गुजरल, शर्मसार भइल इंसानियत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के उमरिया से एगो मामिला सामने आइल बा जवना से पूरा इंसानियत शर्मिंदा हो गइल बा। उमरिया में एगो महिला के लाश घंटन रेल पटरी पs पड़ल रहे लेकिन केहु लाश के पटरी से निकाले के कोशिश ना कईलस। नतीजा ई भइल कि लाश के ऊपर से सवारी गाड़ी आ मालगाड़ी गुजरत रहल आ लोग मूक दर्शक बन के खड़ा हो गइल।

पूरा मामिला का बा?

मामिला बिलासपुर के चंदिया रोड रेलवे स्टेशन से कटनी रेल खंड ले कुछ कदम दूर बा। इहाँ अनजान ट्रेन से टकरा के एगो महिला के मउत हो गईल। जवना के बारे में जानकारी तुरंत रेल प्रशासन के दिहल गईल लेकिन घंटन ले लाश ना निकालल गईल। नतीजा इs भईल कि लाश के ऊपर से बहुत ट्रेन गुजर गईल।

रेलवे के बहुत यात्री भी रेल प्रशासन से लाश के हटावे के अपील कईले, लेकिन रेल प्रशासन जूं ले नाहीं रेंगलस। महिला के लाश 4 घंटा ले पटरी पs पड़ल रहे अवुरी देखेवाला लोग खड़ा होके वीडियो बनावत रहले। एकरा बाद रेल प्रशासन आंख खोल के महिला के लाश के पटरी से निकाल के जांच शुरू कs देलस।

ए पूरा घटना के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में महिला के लाश पटरी पs पड़ल बा अवुरी ओकरा ऊपर से एगो सवारी गाड़ी गुजरत बिया।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]