बहराइच: साथियन के पकड़ईले से बौखलाइल लंगड़ भेड़िया, दु गो महिला पs हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2024

  उत्तर प्रदेश के बहराइच में अबो भेड़िया के आतंक जारी बा। प्रशासन बहुते भेड़िया पकड़ले बा बाकिर अब ओह लोग के नेता लंगड़ा भेड़िया पहुँच से बाहर हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक लंगड़

Share

 

उत्तर प्रदेश के बहराइच में अबो भेड़िया के आतंक जारी बा। प्रशासन बहुते भेड़िया पकड़ले बा बाकिर अब ओह लोग के नेता लंगड़ा भेड़िया पहुँच से बाहर हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक लंगड़ भेड़िया अपना साथी भेड़िया के पकड़ला के बाद बहुत खिसियाइल बा। अब अबे के रात बहराइच में एगो भेड़िया दु महिला पs हमला कs देलस। एहसे साबित हो रहल बा कि आदमी खाए वाला लंगड़ा भेड़िया के मुंह में खून बा.

बहराइच के महसी थाना के नसीरपुर गांव में रात के करीब 10 बजे गुडिया नाम के 28 साल के महिला अपना बेटी के कमरा में सुतावत रहली। ओकरा पs अन्हार में एगो भेड़िया हमला कर दिहलस. गर्दन आ चेहरा पर गहिराह घाव बा। परिवार के लोग के कहनाम बा कि बरखा होखत रहे एहसे उs लोग छत पs ना सुतल रहले, पति अवुरी कुछ बच्चा बरामदा में सुतल रहले, पत्नी बेटी के कमरा के भीतर सुतावत रहली, दरवाजा ना रहे भेड़िया हमला कईलस। महिला के बहराइच के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गईल जहां गुडिया के इलाज वन्यजीव भेड़िया हमला वार्ड में चलता। गुडिया के पति कहतारे कि जंगल में भागल भेड़िया के उs खुद आंख से देखले रहले।

बहराइच के महसी के सम्मानपुरवा गांव में दूसरा भेड़िया हमला हो गया। इहाँ सबेरे करीब 3 बजे मुकिमुन नाम के 45 साल के महिला सबेरे शौच करे खातीर घर से बाहर निकलली। बिजली ना रहे, अन्हार रहे, पीछे से भेड़िया हमला कईलस। महिला के कंधा अवुरी माथा पs घाव बा। संगही उनुका के बहराइच के जिला अस्पताल में इलाज खातीर भर्ती करावल गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.