[the_ad_group id="30365"]

एआई के मदद से मिनटन में होई कोविड आ हेपेटाइटिस के टेस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोविड-19 के अइला के बाद से दुनियाभर के वैज्ञानिक लगातार अलग-अलग परीक्षण कs रहल बा लो। वैज्ञानिक लोग हेपेटाइटिस सी आ कोविड-19 दूनो के जांच रिपोर्ट जल्दी मिले खातिर एगो एआई तकनीक के विकसित कइले बा लो। एकरा मोताबिक, एकरा मदद से दूनो के जांच रिपोर्ट मिनटन में मिली।

ई परीक्षण एगो छोट परखनली में कुछे मिनट में हो जाला। एकर निर्माण अमेरिका के फ्लोरिडा यूनिवर्सिटी (यूएफ) के शोधकर्ता लोग कइले बा। शोधकर्ता लोग कहल, एकर परीक्षण गर्भावस्था टेस्ट जेतना आसान बा। भारतीय मूल के अमेरिकी वैज्ञानिक प्रोफेसर पीयूस जैन एकरा के बनवलें बाड़ें। केमिकल इंजीनियरिंग के प्रोफेसर जैन कहलें, हमनी के बहुत समय से घर पs टेस्ट करे वाला टूल के विकसित करे में लागल रहनी सs।

छोट टेस्ट ट्यूब में कइल जाला पूरा परीक्षण 

ई पूरा परीक्षण एगो छोट टेस्ट ट्यूब में होला। आरटी-एलएएमपाई नाव के तकनीक पs आधारित ई परीक्षण वायरस के जीनोम के छोट हिस्सन के बढ़ा सकत बा आ वायरस के पता चलला पs एगो दृश्य संकेत उत्पन्न करेला। एह परीक्षण के पढ़ल ओतनही सरल बा, जेतना बुलू रंग के तलाश कइल भा टेस्ट ट्यूब में बदलाव के पता लगावे वाला छोट उपकरण के इस्तेमाल कइल।

जांच के दौरान दुनों के परीक्षण में सटीकता मिलल

जैन बतवलें कि आरट-एलएएमपी तकनीक के हेपेटाइटिस सी भा कोविड-19 के रोगियन पs सरलीकृत कइल गइल। एमे पावल गइल कि कोविड खातिर परीक्षण 97 फीसदी सटीक रहे आ विश्वस्तर पs पावल जाये वाला हेपेटाइटिस सी वायरस खातिर 95 प्रतिशत सटीक रहे। जैन बतवलें कि उनकर उद्देश्य साधारण परीक्षण विकसित कइल बा, जवन महंगा उपकरणन के समाप्त करी।

हेपेटाइटिस से चार करोड़ लोग पीड़ित

विश्व स्वास्थय संगठन के मोताबिक, भारत में 4 करोड़ लोग लमहर समय से हेपेटाइटिस बी से संक्रमित बा। ओहिजा 60 लाख से 1 करोड़ लोग क्रोनिक रूप से हेपेटाइटिस सी से संक्रमित बा। ओहिजा, एचएवी लईकन में जादे पावल जाला।

भारत के पूर्वोत्तर राज्यन में जादे ममिला

भारत के स्वास्थय आंकड़न के मोताबिक, भारत में एचबीवी के 2.93 प्रतिशत जबकि एचसीवी के 0.83 परिषय ममिला बा। हेपेटाइटिस बी आ सी के प्रसार, ममिला आ मृत्य दर पूर्वोत्तर के राज्यन में सबसे जादे बा। एमे अरुणाचल प्रदेश, असम, मेघालय आ मणिपुर सबसे आगे बा।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]