का भारत में OnePlus के कटी टिकट? मोबाइल रिटेलर्स के धमकी- 1 मई से ना बेचाई वनप्लस के फोन्स

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 16, 2024

मोबाइल रिटेल चेन्स 1 मई से OnePlus के स्मार्टफोन, टैबलेट आ वियरेबल्स बेचल बंद कर सकत बिया। दक्षिण भारतीय मोबाइल रिटेलर्स एसोसिएशन (ORA) OnePlus इंडिया के डायरेक्टर ऑफ सेल्स रंजीत सिंह के चिट्ठी लिखके बतवले

Share

मोबाइल रिटेल चेन्स 1 मई से OnePlus के स्मार्टफोन, टैबलेट आ वियरेबल्स बेचल बंद कर सकत बिया। दक्षिण भारतीय मोबाइल रिटेलर्स एसोसिएशन (ORA) OnePlus इंडिया के डायरेक्टर ऑफ सेल्स रंजीत सिंह के चिट्ठी लिखके बतवले कि उऽ OnePlus के साथे कई  परेशानियन के सामना कर रहल बाड़े।

भारत के कुछ बड़ मोबाइल रिटेल चेन्स 1 मई से OnePlus के स्मार्टफोन, टैबलेट आ वियरेबल्स बेचल बंद कर सकत बिया। खबरन के मोताबिक, दक्षिण भारतीय मोबाइल रिटेलर्स एसोसिएशन (ORA) OnePlus इंडिया के डायरेक्टर ऑफ सेल्स रंजीत सिंह के चिट्ठी लिखके बतवले हऽ कि उऽ OnePlus के साथे कई गो परेशानियन के सामना कर रहल बाड़े आ एही से ई फैसला ले रहल बाड़न।

काहें लिहल गइल ई फैसला?

Andhra Pradesh, Telangana, Tamil Nadu, Karnataka, Maharashtra आ Gujarat में 23 गो मोबाइल रिटेल चेन बा जेकर 4,500 स्टोर्स 1 मई से OnePlus के फोन बेचल बंद कर सकत बा। दक्षिण भारतीय मोबाइल रिटेलर्स एसोसिएशन (ORA) के अध्यक्ष श्रीधर TS एगो चिट्ठी में लिखले बाड़े कि

‘पिछला एक साल में OnePlus के साथे कई गो परेशानी रहल जवना के अबहीं ले कवनो समाधान नइखे भइल। एही वजह से ई फैसला लिहल जा रहल बा।

OnePlus से लोग बा नाखुश ? 

दुकानदारन के कहनाम बा कि OnePlus के साथे कई गो दिक्कत बा, एहिसे उऽ 1 मई से oneplus फोन बेचल बंद करल चाहत बाड़े। ए दिक्कतन में कमाई के कम भइल, वारंटी आ सर्विस में देरी, आ साथ में दूसर सामान बेचे के दबाव शामिल बा। दुकानदारन के कहनाम बा कि OnePlus उनका लो के जबरदस्ती आपन फोन के साथे दूसर चीज बेचे खातिर कहत बा, जवना से उऽ लोगन के घाटा होता आ उऽ ग्राहकन के पसंद के चीज नइखन दे पावत।

ठीक करावे में होला देरी

दुकानदारन के इहो परेशानी बा कि जदि कवनो ग्राहक के फोन खराब हो जाता तऽ उऽ वारंटी भा सर्विस क्लेम करत बा तऽ ओकरा के ठीक करावे में बहुत देरी होता। कई बार तऽ फोन ठीको ना होला। दुकानदार लो के ओर से OnePlus के कई बेर ए बारे में बतावल गइल बा बाकिर कवनो फायदा ना भइल। OnePlus परेशान बा उऽ भारत में आपन दुकान (ऑफलाइन स्टोर) बढ़ावल चाहत बा आ एकरा खातिर 100 करोड़ रूपियो खर्च करे के तैयार बा। बाकिर कई दुकानदार परेशान बाड़े आ उऽ 1 मई से OnePlus के फोन बेचना बंद करल चाहत बाड़े

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.