[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ से गायब भइल पत्रकार के पत्नी 300 किमी दूर से बरामद, मानसिक हालत ठीक नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ: उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से गायब रीना पराड़कर के 24 घंटा बाद पुलिस 300 किमी दूर टूंडला से बरामद कs लेले बिया बा। ऊ वरिष्ठ पत्रकार आ कवि आलोक पराडकर के पत्नी हई। उनका अचानक गायब होखला के खबर से हड़कंप मच गइल रहे। आलोक रीना के तलाश खातिर गुहार लगवले रहस। लखनऊ पुलिस के मोताबिक गुमशुदा महिला सकुशल बाड़ी आ संपर्क में बाड़ी।

डीसीपी पूर्वी शशांक सिंह के नेतृत्व में महिला के तलाश खातिर टीमन के गठन कइल गइल रहे। पत्नी के बरामद होखला के बाद आलोक पराडकर फेसबुक पs लिखले बाड़ें कि रीना के मानसिक हालत ठीक नइखे। गौर करे वाला बात बा कि आलोक पत्नी रीना पराडकर के लापता होखला पs एगो फेसबुक पोस्ट लिखले रहस। एमे ऊ बतवले रहस कि ऊ सनीचर के बेटी के करीब 1 बजे अलीगंज इस्थित विजन आईएएस कोचिंग सेंटर लेके गइल रहली। वैगनआर कार से लवटत घरी उनकर फोन नंबर बंद जात रहे। आलोक अपहरण के आशंका जतावत शिकायत दर्ज करवले रहस।

गोमती नगर थाना प्रभारी बतवलें कि आलोक पराड़कर के पत्नी रीना पराडकर के सकुशल बरामद कs लिहल गइल बा। उनका के टूंडला से बरामद कइल गइल। ऊ बतवलें। कि प्रकरण के गंभीरता से लेत तत्काल कार्रवाई करत गुमशुदगी दर्ज कs के गुमशुदा के ढूंढे खातिर विशेष टीमन के गठन कइल गइल रहे। ऊ अपना कवनो मित्र के संगे ट्रेन से चल गइल रही। उनकर कार के गाजीपुर के लक्ष्मणपुरी इलाका से बरामद कs लिहल गइल रहे।

Read Also: IND vs AUS: मुख्य कोच गंभीर घरेलू टूर्नामेंट में खेले पs देलें जोर, कोहली-रोहित के भविष्य पs देलें बयान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]