[the_ad_group id="30365"]

बेटी पैदा भइल तs नाराज हो गइल पति, कपार पs ईंटा मार के कs दिहलस पत्नी के हत्या, जानीं पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आज भी कई गो जागरूकता अभियान चलावे के बावजूद हमनी के समाज में बेटा-बेटी के बीच भेदभाव के अंत नईखे भईल। आज भी देश में एक ना एक जगह से बेटी पs अत्याचार के मामला सोझा आवत रहेला। ताजा मामला उत्तर प्रदेश के नोएडा से आइल बा। इहाँ एगो बेटी के जनम पs कथित तौर पs नाराज पति अपना 34 साल के पत्नी के माथा पs ईंट से मार के हत्या कs देले। हत्या के इ घटना नजदीक के लोग के झकझोर देले बा।

ईंटा से माथा पs मार के हत्या कs दिहल गइल

दरअसल पुलिस बुधवार के एगो आदमी के गिरफ्तार क लेलस, जवन कि बेटी के जनम के चलते पत्नी के हत्या क देले रहे। सेक्टर-63 थाना के मुताबिक मरेवाला के पहचान 34 साल के रीना गिरी के रूप में भईल बा। मरेवाला के भाई पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बाड़े कि रीना के पति हरेंद्र गिरी 13 मई के उनुका बहिन के माथा पs ईंट से मार के हत्या क देले रहले, काहेंकी उ जनम से लईकी रहली।

आरोपी के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल

पुलिस सूचना के मुताबिक शिकायत के आधार पs मामला दर्ज कs मरेवाला के पति हरेंद्र गिरी के गिरफ्तार क लेले बिया। पुलिस के मुताबिक आरोपी इहाँ के छीजारसी गांव में किराया के मकान में रहत रहले। पुलिस के कहना बा कि आरोपी के कोर्ट में पेश कइल गइल जहाँ से ओकरा के 14 दिन खातिर न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]