[the_ad_group id="30365"]

महिला लो के पुरुषन से जादा जाड़ा काहे लागेला, डॉक्टर बतइलें इs तीन गो बड़ कारन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

घर होखे भा ऑफिस, रउरा अक्सर लइकिन के जाड़ा से सिहरत देखले होखब। जइसे-जइसे जाड़ा बढ़ेला, मेहरारूवन के परेशानी भी बढ़ेला। लईकी बहुत परत पहिरला के बाद भी जाड़ा से परेशान रहेली, जबकि लईका बहुत कम कपड़ा से जाड़ा के सहल करेले। कई बेर घर में तापमान के लेके झगड़ा हो जाला। कई बेर पंखा आ एसी के लेके भी झगड़ा होला। लेकिन का रउवा जानत बानी कि महिला के पुरुष से जादे जाड़ा काहें महसूस होखेला? डॉक्टर के कहनाम बा कि, तीन मुख्य कारण बा, जवना के चलते महिला के जादे जाड़ा महसूस होखेला।

मेहरारू लोग के जादा जाड़ा काहें लागेला?

*मसल्स मास कम – महिला के शरीर में मसल्स मास कम होखेला, जवना के चलते उनुका जाड़ा जादे महसूस होखेला। मसल्स मास कम कम होखे के चलते लईकी के शरीर में लईकन के मुक़ाबले कम गर्मी पैदा होखेला। जवना के चलते आदमी के जादे जाड़ा लागेला। पुरुष के शरीर में महिला के मुक़ाबले 6-11 प्रतिशत जादा चर्बी होखेला। जवना के चलते इनकर शरीर गरम रहेला।

*लो मेटाबॉलिक रेट- महिला के मेटाबॉलिक रेट पुरुष के मुक़ाबले कम होखेला, जवना के चलते उनुका जाड़ा जादे महसूस होखेला। धीमा मेटाबॉलिज्म वाला लोग में गर्मी कम पैदा होखेला। जबकि पुरुष के मेटाबॉलिक रेट बहुत बढ़िया होखेला जवन कि उनुका शरीर के गरम राखेला

*प्रोजेस्टेरोन हार्मोन- महिला के शरीर में प्रोजेस्टेरोन हार्मोन के जादा बनेला, जवना के चलते उनुका जादे जाड़ा लागेला। एकरा चलते त्वचा के खून के नली संकुचित हो जाला। शरीर के कुछ हिस्सा में खून ठीक से ना बहेला जवना के चलते जादे जाड़ा लागेला। इs हार्मोन शरीर में कम गर्मी पैदा करेला, लेकिन पीरियड्स अवुरी गर्भावस्था के बनावे राखे में मदद करेला।

ठंडा में शरीर के गरम कईसे रखी

* बढ़िया से कपड़ा पहिन के कई परत के गरम कपड़ा पहिनीं।

* रोज कम से कम आधा घंटा धूप में बईठी।

*खाली गरम खाना आ गरम पानी के सेवन करीं।

*रोज कम से कम 30 मिनट व्यायाम करीं।

*विटामिन बी 12 से भरपूर आहार लेवे के चाही।

*जाड़ा में गरम तेल से अपना शरीर के मालिश करीं।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]