[the_ad_group id="30365"]

14 सितंबर के काहें मनावल जाला हिंदी दिवस?, जानी इतिहास आ महत्व

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हिन्दी भाषा भारत के पुरान भाषा संस्कृत से बनल बा। भारत में हर साल 14 सितंबर के हिंदी दिवस मनावल जाला। देश के अधिकांश लोग के लागेला कि हिन्दी हमनी के राष्ट्रभाषा ह, लेकिन इ तथ्य सही नईखे। संविधान में हिन्दी के राजभाषा के दर्जा प्राप्त बा।

हिंदी दिवस के इतिहास

14 सितम्बर 1949 के देवनागरी लिपि में हिन्दी के भारत के राजभाषा घोषित कइल गइल। वर्तमान में हिंदी दुनिया के तीसरी सबसे बोलल जाए वाली भाषा बन चुकल बा। देश में पहिला बेर राष्ट्रपिता महात्मा गांधी 1917 में हिंदी के राष्ट्रीय भाषा के रूप में मान्यता देले रहले। एकरा बाद भारत के पहिला प्रधानमंत्री श्री जवाहरलाल नेहरू संविधान सभा के ओर से हिंदी के राजभाषा के रूप में अपनावे के बाद 14 सितंबर के हिंदी दिवस मनावे के फैसला कईले।

14 सितंबर के हिंदी दिवस काहे मनावल जाला?

भारतीय संविधान के अनुच्छेद संख्या 343 (1) के तहत राजभाषा के रूप में मान्यता प्राप्त बा। हिन्दी भाषा के राजभाषा के रूप में अपनावल गइल काहे कि बहुत राज्य हिन्दी पट्टी में बा आ एह राज्यन में प्रशासन के सरल बनावे खातिर हिन्दी के राजभाषा के रूप में स्वीकार कइल गइल। रउरा सभे के ई जान के खुशी होई कि हिन्दी दिवस पहिला बेर आधिकारिक तौरपsर साल 1953 में मनावल गइल रहे।

हिंदी दिवस के महत्व

हिन्दी दिवस के महत्व भारत में बहुत खास बा। हिन्दी दिवस के मुख्य उद्देश्य हिन्दी भाषा के बढ़ावा दिहल बा आ साथ ही भाषा के महत्व आ सशक्तीकरण पs भी जोर देवे खातिर हमनी के हर साल 14 सितंबर के हिंदी दिवस मनावेनी जा। एह दिन भाषा, साहित्य आ संस्कृति के क्षेत्र में हिन्दी के महत्व के एहसास करावे के मौका मिलेला। रिपोर्ट बतावत बा कि बोलचाल के भाषा में हिंदी के प्रयोग बहुत कम हो गइल बा, एकरा के बढ़ावा देवे खातिर आ हिंदी भाषा के प्रति प्रेरणा देवे खातिर हमनी के ई दिन बहुत धूमधाम से मनावेनी जा। सरकारी कार्यालयन में भी अंग्रेजी भाषा के साथे हिन्दी भाषा के प्रयोग होला।

 “हिन्दी दिवस” खाली 14 सितंबर के काहे मनावल जाला?

हिन्दी दिवस 14 सितंबर के मनावल जाला काहे कि एही दिन भारत के संविधान सभा 1949 में देवनागरी लिपि में लिखल हिन्दी के भारत गणराज्य के राजभाषा घोषित कs दिहलस। 14 सितंबर के हिंदी के महान साहित्यकार राजेन्द्र सिंह के भी जन्मदिन ह, एही से इ दिन हिंदी दिवस खातिर सबसे श्रेष्ठ मानल जात रहे।

हिंदी दिवस कईसे मनावल जाला

स्कूल, कॉलेज, सरकारी कार्यालय में हर जगह कवनो ना कवनो तरह के आयोजन होला, ताकि हिंदी भाषा के प्रचार प्रसार हो सके। 14 सितंबर के सब साहित्यकार लोग कई गो कार्यक्रम के आयोजन करेला। एह आयोजन में कविता पाठ प्रतियोगिता, कहानी पाठ, हिन्दी नाटक, हिन्दी में वाद-विवाद प्रतियोगिता आदि के आयोजन होला आ ई लोग हिंदी भाषा के महान साहित्य आ साहित्यकार लोग के भी याद करेला। एकरा संगे हिंदी दिवस पs राजभाषा कीर्ति पुरस्कार अवुरी राजभाषा गौरव पुरस्कार भी दिहल जाला।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]