[the_ad_group id="30365"]

नरेंद्र मोदी आ राहुल गांधी में पीएम के पसंद के? सर्वे में मिलल चौंकावे वाला जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 : केन्द्र में मोदी सरकार के नौ साल पूरा हो गइल बा आ करीब एक साल बाद लोकसभा चुनाव होखे वाला बा। अइसना में सवाल बा कि का नरेंद्र मोदी के फेर से सत्ता के चाभी मिल पाई? एक ओर चुनाव के देखत विपक्षी दल एकजुट होखे के कोशिश में लागल बा, त दोसरा ओर भाजपा भी केंद्र में जीत के हैट्रिक बनावे के पूरा कोशिश में लागल बिया।

एही बीच सी-वोटर एगो सर्वेक्षण कईले बा। एह सर्वेक्षण में पूछल गइल कि पीएम मोदी आ कांग्रेस के अध्यक्ष रहल राहुल गांधी में पीएम पद खातिर पहिला पसंद के बा? जवाब में 56 प्रतिशत लोग कहले कि उ लोग चाहतारे कि नरेंद्र मोदी एक बेर फेर प्रधानमंत्री बनस। एकरा संगे-संगे 35 प्रतिशत लोग राहुल गांधी के आपन पसंद बतावत कहले। सर्वेक्षण के मुताबिक 5 प्रतिशत लोग दुनो नेता में से कवनो नेता के पसंद ना कईले। सर्वेक्षण में 4 प्रतिशत लोग कहले कि उ कुछ नईखी कह सकत। देश भर में भईल ए सर्वेक्षण में 5 हजार 839 लोग के राय शामिल बा।

पीएम मोदी अवुरी राहुल के बीच पीएम के पसंद के बा?

पीएम मोदी-56%

राहुल गांधी-35%

ना त – 5%

पता नइखे – 4 %

विपक्षी एकता के कोशिश हो रहल बा

भाजपा के खिलाफ एकजुट होखे खातिर विपक्षी नेता हर दिन बइठक कर रहल बाड़े। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे से भेंट कइला का बाद पश्चिम बंगाल के सीएम ममता बनर्जी आ उद्धव ठाकरे समेत कई गो नेता लोग से भेंट कइले बाड़न। एह दौरान सभे नेता कहले कि आवे वाला दिन में भविष्य के रणनीति के बारे में चर्चा करीहे।

भाजपा के का योजना बा?

सरकार के नौ साल पूरा होखला पे 31 मई के राजस्थान के अजमेर में पीएम मोदी रैली करीहे। भाजपा इहां से एगो खास मुहिम शुरू कर रहल बिया। एकरा तहत आवे वाला दिन में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह, भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा अवुरी यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ समेत बहुत नेता रैली करीहे। एकरा के भाजपा के 2024 के लोकसभा चुनाव के तइयारी मानल जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]