[the_ad_group id="30365"]

WHO कोरोना के नउका सब वैरिएंट JN.1 के ‘वैरिएंट ऑफ इंटरेस्ट’ में कइलस शामिल, खतरा के लेके देहलस इs जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना के नउका सब वैरिएंट JN.1 के संक्रमण भारत में दस्तक दे देहले बा। खासतौर से केरल में एकर मामिला बढ़ले के बाद केंद्र के ओर से राज्यन के एडवाइजरी जारी कइल ग‌इल । ए बी‌चे विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) कोरोना के ए न‌उका सब वैरिएंट के ‘वैरिएंट ऑफ इंटरेस्ट’ वर्गीकृत क‌इल ग‌इल। विश्व स्वास्थ्य संगठन एकरी खतरा के लेके जोन नया जानकारी बा ओकरा मुताबिक इs वैरिएंट से पब्लिक हेल्थ के जादा खतरा नइखे।

खतरा कम, मौजूदा वैक्सीन कारगर

विश्व स्वास्थ्य संगठन ब‌त‌वलस अब ले जोन एविडेंस सामने आइल ‌बा एकरी मुताबिक JN.1 के संक्रमण से पब्लिक हेल्थ के कम जोखिम बा। JN.1 के पहिले एकरा मूल वंश BA.2.86 के एगो हिस्सा कs रूप में वर्गीकृत क‌इल ग‌इल रहे। अब ज‌इसे-ज‌इसे जाड़ा बढ़त बा, भारत में एकर फ‌इले के खतरा बढ़ ग‌इल बा। विश्व स्वास्थ्य संगठन कहलस की मौजूदा वैक्सीन JN.1 आ कोविड-19 के अन्य वैरिएंट से होखेवाला गंभीर खतरा से जीवन के बचावे में कारगर बा।

WHO जारी क‌इलस एडवाइजरी

विश्व स्वास्थ्य संगठन लगातार एह मामिला के निगरानी रखत बा आ लोगन के खातीर एडवाइजरी भी जारी भ‌इल बा। एह एडवाइजरी में लोगन से अपील क‌इल ग‌इल बा की भीड़-भाड़ वाला जगहन पs ज‌इले से बची, मास्क कs इस्तेमाल करीं, सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करीं, पहिले के खान सजू लोग गरम पानी पी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]