[the_ad_group id="30365"]

ए विटामिन के कमी वाला लोगन के खा‌ए के चाहि बैंगन, साथे मिलीं ई दुगो अउरी खनिज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बैंगन के सब्जी बहुते से लोगन के पसंद होला। दरअसल, ई सब्जी हाई फाइबर से भरपूर होला आ शरीर के कईगो प्रकार के पोषण प्रदान करेला। एमें घुलनशील कार्बोहाइड्रेट के स्तर कम होलाs, जवन एके टाइप 2 डायबिटीज के खातिर एगो शक्तिशाली विकल्प बनावेलाs । एकरे अलावा ई ऑक्सीडेटिव तनाव, ग्लूकोज के स्तर आ बीपी मैनेज करे में मददगार हs। साथे एकर कईगो फायदा होला। सबसे पहिले जानल जाव बैंगन में कवन विटामिन होला।

बैंगन से कवन विटामिन मिलेला ? 

बैंगन में विटामिन बी6, विटामिन ए, विटामिन के आ विटामिन ई होलाs । सबसे ढेर मात्रा में विटामिन बी6 होला ।जवन कि सेहत खातिर बेहद जरूरी हs। विटामिन बी 6, आ पाइरिडोक्सिन, एक पानी में घुलनशील विटामिन हs जवन प्राकृतिक रूप से बैंगन में पा‌इल जाला आ शरीर में ब्लड के लेवल के मैनेज करे में मदद करेला। तs, आपके ई विटामिन के कमी में बैंगन खा‌ए के चाहिं।

बैंगन में सबसे ढेर का पा‌इल जाल? 

1. बीटा कैरोटीन-beta-carotene 

शरीर में बीटा-कैरोटीन रेटिनॉल में परिवर्तित हो जाला। जवन आंख के हेल्दी रखले के साथे इम्यून सिस्टम के मजबूती के खातिर जरूरी बा। एकरे अलावा ई स्किन के अंदर से हेल्दी रखले आ एकरे टैक्सचर के बेहतर बन‌वले में मददगार हs। तs,एs तमाम कारन से आपके बीटा कैरोटीन कs सेवन करेक चाही।

2. मैग्निशियम-Magnesium

मैग्नीशियम शरीर के कईगो हिस्सा के सुचारू रूप से चल‌वले में एकगो महत्वपूर्ण कारक हs जवन हृदय, हड्डी, मांसपेशी आ तंत्रिका के हेल्दी रखेला। पर्याप्त मैग्नीशियम के बिना धमनि संकुचित हो जाला आ ब्लड प्रेशर पs प्रभाव पड़ेलाs। तs, अगर आपो आपन बीपी बैलेंस करे के चाहन बानी तs बैंगन खाईं। हालांकि, अगर राउर पेट से जुड़ल समस्या रहेला तs एके ख‌इले से बचीं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]