कब से मिली दिल्ली में महिला लोग के 2,500 रुपिया मासिक सहायता? रेखा गुप्ता बतवली तारीख

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

आजु रेखा गुप्ता रामलीला मैदान में दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री के शपथ लीहें. उनुका संगे उनुका मंत्रिमंडल के 6 मंत्री भी शपथ लीहे। एs दौरान पीएम मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा समेत

Share

दिल्ली में महिला लोग के 2,500 रुपिया मासिक सहायता

आजु रेखा गुप्ता रामलीला मैदान में दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री के शपथ लीहें. उनुका संगे उनुका मंत्रिमंडल के 6 मंत्री भी शपथ लीहे। एs दौरान पीएम मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा समेत बहुत बड़ हस्ती भाग लीहे। एकरा से पहिले भावी मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता दिल्ली के महिला के मासिक सहायता के संबंध में आपन वादा पूरा करे के भरोसा देली।

कवनो कीमत पs वादा पूरा करी

रेखा गुप्ता दिल्ली के महिला लोग के भरोसा देत कहली कि भाजपा सरकार महिला के हर महीना 2500 रुपया के आर्थिक सहायता देवे के चुनावी वादा पूरा करी। आगे कहलस कि मासिक सहायता के पहिला किस्त 8 मार्च ले पात्र महिला के खाता में पहुंच जाई।

भाजपा कवन वादा कईलस?

आईं रउरा सभे के बता दीं कि आम आदमी पार्टी विधानसभा चुनाव में सत्ता में अइला के बाद महिला लोग खातिर 2100 रुपिया के मासिक सहायता के एलान कइले रहुवे. जबकि भाजपा अपना घोषणा पत्र में हर महीना 2500 रुपया के सहायता के वादा कईले रहे। बुध के दिने भाजपा विधायिका पार्टी के नेता चुनल रेखा गुप्ता एह बात पs जोर दिहली की वादा पूरा कइल भाजपा के सर्वोच्च प्राथमिकता बा.

खाली 8 मार्च के काहे? 

उs कहले कि, “प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सपना के साकार कईल दिल्ली के सभी 48 भाजपा विधायक के जिम्मेदारी बा। हमनी के महिला के आर्थिक सहायता समेत आपन सभ वादा जरूर पूरा करब। 8 मार्च ले महिला के खाता में पईसा जरूर ट्रांसफर हो जाई।”

हालही में भइल दिल्ली विधानसभा चुनाव में भाजपा 70 में से 48 सीट पs कब्जा कs के जीत हासिल कइलस आ आप के एक दशक से चलत शासन खतम कs दिहलस. दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ के अध्यक्ष रहल आ पहिला बेर विधायक रहल रेखा गुप्ता बियफ़ें के दुपहरिया में रामलीला मैदान में दिल्ली के मुख्यमंत्री के शपथ लेवे वाली बाड़ी। एह समारोह में प्रधानमंत्री मोदी समेत कई गो हस्ती मौजूद रहीहें.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.