[the_ad_group id="30365"]

जब बिहार के राज्यपाल फंस गईले बारिश में , त होखे के पड़ल पुलिस के गाड़ी में सवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पटना : फिलहाल देश के अलग-अलग हिस्सा में मौसम के तबाही देखाई देता। पिछला दिने अधिकतर इलाका में मुसलाधार बरखा आ ओला से नुकसान देखल गइल बा। दूसर ओर बरखा के बीच बिहार में भी अयीसने नजारा देखाई देलस, जहां बिहार के राज्यपाल यज्ञ के उद्घाटन खातीर भोजपुर जिला पहुंचले, लेकिन बरखा के चलते उनुकर गाड़ी कीचड़ में फंस गईल। स्थिति अयीसन हो गईल कि डीएम से लेके एसपी तक हाथ-गोड़ फुलल शुरू हो गईल। फेर कवनो तरह पुलिस के जिप्सी में बइठ के कीचड़ पार करे के पड़ल। तब जाके सब अफसरन जान में जान आइल।

बिहार के आरा के गड़हनी प्रखंड के लभुआणि गांव में विशाल यज्ञ के आयोजन कईल गईल बा। लभुआणि गांव में आयोजित श्री लक्ष्मी नारायण महायज्ञ के अवसर पे आयोजित विशाल संत समागम में शामिल होखे खातिर बिहार के राज्यपाल राजेन्द्र विजय अर्लेरकर मुख्य अतिथि के रूप में पहुंचल रहले।

कार्यक्रम के दौरान अचानक मौसम में बदलाव के चलते आयोजन स्थल पे तेज हवा के संगे भारी बरखा शुरू हो गईल। एह दौरान कार्यक्रम के आयोजन स्थल पे पानी के कटाई के स्थिति पैदा हो गईल। बरखा के चलते राज्यपाल के बहुत दिन तक कार्यक्रम में रहे के पड़ल। जब बरखा रुकल त राज्यपाल के गाड़ी निकले लागल, लेकिन यज्ञ के जगह पे कीचड़ के चलते राज्यपाल राजेंद्र विजय अर्लेरकर के गाड़ी बहुत बुरी तरह से कीचड़ में फंस गईल। एह मौका पे भोजपुर के डीएम आ पुलिस अधीक्षक भी मौजूद रहले, जे खुद कीचड़ में उतर के व्यवस्था में शामिल हो गईले।

बहुत मेहनत के बाद भी राज्यपाल के गाड़ी कीचड़ से ना निकलल, फेर पुलिस के जिप्सी में बईठ के राज्यपाल के कीचड़ से बाहर निकालल गईल। अयीसन घटना के बाद आयोजन स्थल पे एगो अजीब स्थिति पैदा हो गईल। बाद में बहुत मेहनत के बाद राज्यपाल के कवनो तरीका से पुलिस के जिप्सी में बईठ के कार्यक्रम स्थल से मुख्य सड़क पे ले आवल गईल। बहुत देर बाद राज्यपाल आयोजन स्थल से पटना खातिर रवाना हो गईले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]