[the_ad_group id="30365"]

डाकघर में जब निकलल भर्ती, टूट पड़लें फर्जी मार्कशीट वाले लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्य में डाक विभाग से निकलत बहाली प फर्जी मार्कशीट के खिलाड़ी लटकावत रहल बाड़े। एह सब का चलते जहाँ पात्र उम्मीदवार वंचित बाड़े ओहिजा विभाग के करीब चालीस फीसदी पद खाली रह गइल बा| हालत ई बा कि डाकघर में जब भी बहाली सामने आवेला त फर्जी मार्कशीट वाला लोग खूब आवेदन करेला।

राज्य के डाक विभाग साल 2017 से लेके अब तक चार चरण में 15,948 पद के भरे के विज्ञापन जारी कईले बा। पहिला चरण में साल 2017 में 5314 पद खातिर बहाली भइल रहे। एह में मदरसा बोर्ड के अलावा कवनो दोसर शिक्षा बोर्ड से शिक्षा पावे वाला लोग के आवेदन करे से रोकल गइल. एकरा चलते मामला अदालत में चल गईल। एकरा बाद 23 मार्च 2020 के दूसरा चरण में 3951 पद प बहाली भईल। तीसरा चरण में 4264 अउरी चउथा चरण में 2519 पद खातीर बहाली भईल।

सूत्र से पता चलsता कि पहिला चरण के छोड़ के बाकी 10,734 पद खाती एक लाख से जादे नकली मार्कशीटर आवेदन कईले रहले। एहमें शत-प्रतिशत अंक पावे वाला लोग भी शामिल रहे। अइसन आवेदक के तुरंत बाहर फेंक दिहल गईल। एकरा बाद प्रमाणपत्र के जांच कईला के बाद फर्जी मार्कशीट वाला लोग के सेवा समाप्त कईल जाता। सूत्र से पता चलsता कि फर्जी मार्कशीट प डाकघर में नौकरी करावे के खेल पुरान बा। कवनो ठोस कार्रवाई ना होखे के चलते जब भी बहाली आवेला त उ लोग फर्जी मार्कशीट लेके आवेदन करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]