[the_ad_group id="30365"]

कब हवे एह साल के पहिला मौनी अमावस्या, जानीं शुभ मुहूर्त अउर महत्व

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंदू पचांग के हिसाब से हिंदु कैलेंडर में हर महीना के कृष्ण पक्ष के आखिरी तिथि अमावस्या होला। एह साल 7 जनवरी 2023 से हिंदूअन के माघ महीना शुरू होखे वाला बा। माघ महीना के अमावस्या के मौनी अमावस्या चाहे माघी अमावस्या के नाम से भी जानल जाला।

साल में 12 गो अमावस्या आवsला लेकिन एह अमावस्या में स्नान-दान के साथ मौन व्रत भी रखले के खास महत्व होला। एह दिन लोग मौन व्रत रख के जप, तप, साधना, पूजा-पाठ करेने। आईं जानल जाव साल 2023 के पहिला अमावस्या यानी के मौनी अमावस्या के तारीख, स्नान-दान के मुहूरत अउर महत्व।

मौनी अमावस्या 2023 के मुहूर्त

माघ अमावस्या के तिथि- 21 जनवरी 2023
शुभ मुहूर्त- सुबह 6.17 बजे से- सुबह 2.22 बजे ले

एह दिन माघी अमावस्या पs ब्रह्म मुहूर्त में तीर्थ स्नान, पितरन के शांति खातिर श्राद्ध कर्म, तर्पण कइले से अक्षय पुण्य के प्राप्ति होला।

मौनी अमावस्या के का होला महत्व

मौनी अमावस्या के धार्मिक मान्यता होला। एह दिन मौन रह के कइल गइल व्रत सामान्य व्रत से दोगुना फल देला। एहसे दोगुना फल के प्राप्ती होला। व्यक्ति के तमाम नकारात्मक विचार हो जाला। एह व्रतियन अउर पूजा करे वालन के परम शक्ति मिलsला।

एह मौनी अमावस्या पर मौन रह के व्रत रखले के परंपरा होला। मान्यता ह कि मौन व्रत रखले से शरीर में शक्ति मिलsला अउर एहसे आदमी के आत्मविश्वास में बढ़त होला। साथही वाणी दोष से मुक्ति मिलsला।

आपके बता देईं कि एह दिन ब्रह्मा के मानस पुत्र मनु ऋषि के जनम भइल रहे। एहलिए एकर नाम मौनी अमावस्या पड़ल रहे अउर तब्बे से आजु के दिन व्रत रखले के प्रचलन बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]