[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में आई कमाल के फीचर, फेवरेट कॉन्टैक्ट के तुरंत कs सकिलें कॉल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप व्हाट्सएप हमनी के जीवन के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा बन गईल बा। पारिवारिक काम होखे भा ऑफिस के काम, हर जगह संवाद के आसान साधन बन गइल बा। यूजर के अनुभव में सुधार खातीर मेटा के स्वामित्व वाला व्हाट्सएप अपना प्लेटफॉर्म पs नाया बदलाव करत रहेला। अब व्हाट्सएप यूजर्स खातिर एगो उपयोगी फीचर ले आवे वाला बा। बतावल जाता कि व्हाट्सएप एगो नाया फीचर विकसित करतिया, जवना के मदद से यूजर आईओएस पs अवुरी सुविधाजनक कॉल प्लेसमेंट खातीर पसंदीदा संपर्क चुन सकतारे।

व्हाट्सएप के फीचर के ट्रैक करे वाली वेबसाइट डब्ल्यूएबीटाइंफो के ओर से देखल गईल इs फीचर कॉल टैब के सबसे ऊपर देखाई दिही। अयीसना में फोन कॉल केवल एक टैप टॉप पs दिखाई दी। एकर मकसद बा कि कवनो पसंदीदा संपर्क के सीधा कॉल टैब से कॉल करे खातिर एगो त्वरित अवुरी सहज शॉर्टकट उपलब्ध करा के समग्र सुलभता में सुधार कईल जाए।

फेवरेट कॉन्टैक्ट के तुरंत कनेक्ट होई कॉल

रिपोर्ट में कहल गईल कि, कुछ खास संपर्क के पसंदीदा के रूप में चुन के यूजर इs सुनिश्चित कs सकतारे कि इs संपर्क उनुका कॉलिंग इंटरफेस में सबसे आगे आसानी से पहुंचल जा सके। रिपोर्ट के मुताबिक, एs फीचर के फिलहाल विकसित कईल जाता अवुरी एs ऐप के आवे वाला अपडेट में उपलब्ध होई।

Passkey फीचर व्हाट्सएप पs उपलब्ध होई

मेटा पिछला साल एंड्रॉयड व्हाट्सएप यूजर खातिर Passkey सेवा शुरू कईले रहे। लेकिन जल्दिए आईफोन यूजर के एs ऐप में Passkey सेट करे के विकल्प भी मिल जाई। डब्ल्यूएबीटाइंफो के मुताबिक, खाता सत्यापन खातीर व्हाट्सएप आईओएस ऐप पs Passkey फीचर पs काम करतिया अवुरी एकरा के आवे वाला अपडेट में उपलब्ध करावल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]