[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp Web खातीर आ रहल बा तगड़ा प्राइवेसी फीचर, पर्सनल चैट्स कs पाएंब लॉक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

व्हाट्सएप जल्दिए वेब यूजर खातिर एगो नया प्राइवेसी फीचर लेके आ रहल बा। मोबाइल यूजर खातिर इs फीचर पहिलही से लागू हो चुकल बा। व्हाट्सएप के एह फीचर से यूजर आपन प्राइवेट चैट लॉक क s सकेलें। फिलहाल एs फीचर के बीटा वर्जन में परीक्षण कईल जाता। कुछ बीटा टेस्टर के व्हाट्सएप वेब के इ s फीचर मिले लागल बा।

चैट लॉक के सुविधा 

WABetaInfo के रिपोर्ट के मुताबिक, व्हाट्सएप वेब के एs फीचर में ओ संपर्क के चैट लॉक वाला सेक्शन में देखाई दिही, जवना के चैट के यूजर लॉक कईल चाहता। व्हाट्सएप वेब यूजर के चैट लॉक करे खातिर डेडिकेटेड टैब मिली। एह टैब में यूजर अपना सगरी लॉक चैट के एक्सेस कs सकेलें.।इs फीचर खास तौर प sओ यूजर के मदद करी, जवन कि व्हाट्सएप वेब के इस्तेमाल करेले अवुरी अपना निजी चैट के निजी राखल चाहतारे।

हालांकि, व्हाट्सएप भी कुछ समय पहिले वेब यूजर खातीर चैट लॉक फीचर के रोल आउट कs देले रहे। इ sफीचर व्हाट्सएप वेब के लॉक कs देवेला। एकरा में सभ चैट एक संगे लॉक हो जाला, जबकि नाया फीचर में सिर्फ उ s चैट लॉक होई, जवना के यूजर चैट लॉक के माध्यम से सुरक्षित कईल चाहता।

स्मार्टफोन में पहिलही से बा उपलब्ध

इs दुनो फीचर व्हाट्सएप के मोबाइल वर्जन में पहिले से मौजूद बा, जवना में यूजर कवनो व्यक्ति के चैट के संगे एs ऐप के लॉक कs सकतारे। वेब संस्करण में आवे वाला एह प्राइवेसी फीचर खातिर इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म एगो डेडिकेटेड टैब बनाई, जवना में सभ लॉक चैट देखाई दिही।

अबे ले एकर पुष्टि नईखे भईल कि व्हाट्सएप वेब खातीर इs फीचर कब लागू होई। ईs फीचर फिलहाल बिकास के दौर में बा आ परीक्षण पूरा भइला के बाद ही ई गोपनीयता फीचर सभ प्रयोगकर्ता लोग खातिर जारी कइल जा सके ला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]