[the_ad_group id="30365"]

Tech News: WhatsApp अकाउंट खातिर अब ना होई फोन नंबर के जरूरत, आ रहल बा बड़ अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदि रउओ WhatsApp इस्तेमाल करेनी आ मोबाइल नंबर केहू के बतावल नइखी चाहत तs रउआ खातिर अच्छा खबर बा। WhatsApp में एगो बड़ फीचर आवे वाला बा, जवना के बाद WhatsApp पs राउर पहचान मोबाइल नंबर से ना, बल्कि यूजरनेम से होई।

WhatsApp फिलहाल एह फीचर के टेस्टिंग कs रहल बा आ जल्दिये फाइनल अपडेट रिलीज होई। व्हाट्सएप के एह फीचर के जानकारी WABetaInfo देले बा। रिपोर्ट के मोताबिक नया फीचर के Username and PIN नाम दिहल गइल बा।

एह नया फीचर के अइला के बाद WhatsApp यूजर्स अपना फोन नंबर के यूजर्स नेम से रिप्लेस कs सकी लो। एह फीचर के अइला के बाद से WhatsApp यूजर्स खातिर अकाउंट के सिक्योरिटी आ प्राइवेसियो बढ़ी। नया अपडेट के बाद यूजर्स के लगे प्राइवेसी खातिर तीन गो सेटिंग मिली, जेमे Username, Phone number आ Username with PIN सामिल बा।

Username के विकल्प चुनला के बाद फोन नंबर छिपावल जा सकी आ जवन लोग आपस में बात करी ओकरा राउर यूजरनेम दिखी, हालांकि जेकरा लगे राउर नंबर पहिले से सेव बा ओकरा राउर नंबर लउकी, बाकिर नया कॉन्टेक्ट के खाली राउर यूजरनेम लउकी। Username with PIN के विकल्प चुनला पs खाली ऊ लोग रउआ से कनेक्ट कs पाई, जेकरा लगे राउर चार अंकन वाला पिन होई खाली उहे लोग आपस में जुड़ सकी जेकरा के रउआ चार अंकन वाला पिन के शेयर करेम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]