[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में आ रहल बा बड़ अपडेट, एके स्क्रीन पs कइयन लोगन से एक संगे कs सकेम चैटिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

WhatsApp अपना एंड्रॉयड यूजर्स खातिर एगो नया फीचर पs काम कs रहल बा। WhatsApp के एह नया अपडेट के अइला के बाद यूजर्स एक संगे कइयन चैट के देख सकी लो आ चैटिंग कs सकी लो। WhatsApp के नया अपडेट व्हाट्सएप वेब पs आवे वाला बा। एकरा अलावे एकरा के टैबो खातिर जारी कइल जा सकत बा। WhatsApp के एह मल्टी विंडो चैट फीचर के टेस्टिंग फिलहाल बीटा यूजर्स के संगे हो रहल बा।

व्हाट्सएप के एह नया फीचर के जानकारी WABetaInfo देले बा। नया फीचर के साइड-बाय-साइड मोड नाम दिहल गइल बा। एह मोड में सिंगल स्क्रीन पs कइयन गो चैट के एक संगे ओपन कइल जा सकी। आमतौर पs एगो चैट ओपन होखला पs दूसरका चैट विंडो नइखे खुल सकत। ई एक तरे से स्पिलिट स्क्रीन जइसन होई।

ई ओकरा खातिर कवनो तोहफा से कम नइखे जे एक संगे कइयन लोगन से चैट करत बा। वाबीटाइन्फो नया फीचर के एगो स्क्रीनशॉट शेयर कइले बा। एह फीचर के कबो ऑन आ ऑफ कइल जा सकत बा। एकरा खातिर व्हाट्सएप एप में एगो सेटिंग करे के होई। सेटिंग खातिर चैट सेटिंग में जाके Side-by-side views के ऑप्शन पs क्लिक करे के होई।

नया फीचर के टेस्टिंग फिलहाल व्हाट्सएप बीटा एंड्रॉयड 2.23.9.20 वर्जन पs हो रहल बा। एकर फाइनल अपडेट कब आएई, एह संबंध में फिलहाल कवनो जानकारी सामने नइखे आइल बा। रउआ के बता दीं कि WhatsApp हाले में चार डिवाइस लिंक के अपडेट जारी कइले बा जवना के बाद खाली क्यूआर कोड के स्कैन कs के चार अलग-अलग फोन में एके अकाउंट के इस्तेमाल कइल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]