[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp यूजर्स के काम कइलस आसान, Photo शेयर करे में AI करीं मदद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हाल ही में व्हाट्सएप अपना इंस्टेंट मैसेजिंग फीचर में मेटा एआई फीचर जोड़ले बा। व्हाट्सएप में जोडल एह एआई फीचर के माध्यम से यूजर के बहुत काम आसान हो गईल बा। अब व्हाट्सएप खातिर एगो अउरी नया फीचर पs काम हो रहल बा। इs फीचर व्हाट्सएप बीटा वर्जन में देखल गईल बा। अटकल लगावल जाता कि व्हाट्सएप के इs फीचर जल्दिए स्थिर संस्करण में ले आवल जा सकता। एs नाया फीचर के अईला के बाद अब यूजर के एगो नाया चैट बटन देखाई दिही, जवना के माध्यम से यूजर मेटा एआई बनावल फोटो के सीधा शेयर कs सकतारे।

एगो नया चैट बटन 

एह नया चैट बटन के अइला के बाद यूजर चैटबॉट से एआई के बनावल तस्वीर के आधार पs कैप्शन देवे के कह सकतारे। एकरा बाद मेटा एआई के इs फीचर फोटो के कैप्शन देके ओकरा में बदलाव कs सकता। इs फीचर WABetaInfo के साझा स्क्रीनशॉट में देखल जा सकता। अब यूजर के लगे फोटो के संगे दिहल कैप्शन के बदले के विकल्प होई। रिपोर्ट के मुताबिक, एs फीचर से एआई से जनरेट भईल इमेज के कैप्शन के स्वचालित रूप से बदले के विकल्प दिहल जाई।

मेटा एआई के एs फीचर से यूजर के काम आसान हो जाई। मेटा एआई के माध्यम से भेजल गईल एक चाहे कई गो फोटो के एक संगे डिलीट कs सकतारे। उपयोगकर्ता के मेटा एआई सेटिंग में जाके कबो भी एआई से जनरेट भईल इमेज में बदलाव करे के विकल्प होई। एकरा अलावे हाल ही में व्हाट्सएप खातिर इमेजिन मी फीचर जारी भईल बा, जवना के माध्यम से यूजर आपन एआई इमेज बना सकतारे। एकरा खातिर यूजर के मेटा एआई के कमांड देवे के होई।

66 लाख खाता पs रोक लगा दिहल गइल

हालही में व्हाट्सएप भारत में 66 लाख से अधिका यूजर्स के अकाउंट पs रोक लगा दिहले बा. सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के इs कार्रवाई कंपनी के प्राइवेसी पॉलिसी के उल्लंघन के चलते भईल बा। भारत में आईटी नियम 2021 के तहत हर महीना सोशल मीडिया कंपनी के आपन अनुपालन रिपोर्ट जारी करे के पड़ेला। भारत में व्हाट्सएप के 55 करोड़ से अधिका यूजर बाड़े।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]