[the_ad_group id="30365"]

एह यूजर्स के बदलल नजर आई WhatsApp, ऐप आइकन आ ग्रीन कलर में लउकी नया बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के पॉपुलर चैटिंग ऐप वॉट्सऐप के इस्तेमाल करेनी तs ई नया अपडेट रउआ काम के हो सकत बा। दरअसल, वॉट्सऐप के लेके आइल दिन नया अपडेट के जानकारी सामने आ जाला। एही कड़ी में वॉट्सऐप यूजर्स के वॉट्सऐप कुछ बदलल-बदलल नजर आवे वाला बा।

वॉट्सऐप यूजर्स के लउकी बदलल इंटरफेस

दरअसल, Wabetainfo के एगो लेटेस्ट रिपोर्ट सामने आइल बा। एह रिपोर्ट के मोताबिक वॉट्सऐप के एंड्रॉइड यूजर्स के ऐप के बदला इंटरफेस लउके वाला बा।

एह रिपोर्ट के मानीं तs एंड्रॉइड यूजर्स नया अपडेट के संगे ऐप में कुछ नया कलर आ ऐप आइकन के बदलल रूप में देख सकी  लो। ई बदलाव कंपनी Material Design 3 के संगे पेश कs रहल बिया।

ऐप के बदलल इंटरफेस के लेके Wabetainfo के एह लेटेस्ट रिपोर्ट में एगो स्क्रीनशॉट शेयर कइल गइल बा। एह स्क्रीनशॉट में यूजर्स ऐप के ग्रीन कलर में एगो नया बदलाव देख सकत बा लो।

नया ग्रीन कलर वॉट्सऐप के दुनो लाइट आ डार्क मोड खातिर पेश कइल गइल बा। यूजर नया इंटरफेस के संगे चैट बबल्स आ फ्लोटिंग एक्शन बटन के एगो फ्रेश लुक पाई लो।

वॉट्सऐप के कवन-कवन यूजर्स खातिर पेश भइल बा अपडेट

फिलहाल वॉट्सऐप एंड्रॉइड के कुछ लिमिटेड बीटा टेस्टर्स के खातिर नया अपडेट पेश कइल गइल बा। संगही नया अपडेट वॉट्सऐप बिजनेस बीटा यूजर्स खातिर कइल गइल बा।

बीटा टेस्टर्स वॉट्सऐप के गूगल प्ले से अपडेट कs सकत बा लो। यूजर्स खातिर ई बदलाव वॉट्सऐप एंड्रॉइड बीटा अपडेट वर्जन 2.23.20.10 (WhatsApp beta for Android 2.23.20.10 update) के संगे मवजूद बा।

बता दीं, वॉट्सऐप ऐप के नया बदलावन के पहिले बीटा टेस्टर्स खातिर पेश करेला। बीटा टेस्टर्स के फीडबैक के बादे कंपनी नया सुधारन के संगे कवनो तरे के बदलाव के ऐप के दोसर यूजर्स खातिर अपडेट पेश करेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]