[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में आए वाला बा धांसू फीचर, पासवर्ड जानले के बादो केहु नाहीं पढ़ पाई पर्सनल चैट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

व्हाट्सएप सबसे बड़ इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप हs। आज करोड़ों लोग व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेले। इहे कारण बा कि कंपनी समय-समय पs उपयोगकर्ता के सुरक्षा अवुरी निजता खातीर नाया फीचर लेके आवत रहेले। अब कंपनी एगो नया फीचर देले बिया जवना से व्हाट्सएप यूजर बिना कवनो चिंता के अपना लोग से चैट करत रह सकेले अवुरी उनुकर प्राइवेसी बनल रहेला।

डिजिटल दुनिया में लोग कवनो तरीका से अपना निजता से समझौता नईखन कईल चाहत। व्हाट्सएप भी एकर ख्याल रखेला। इहे कारण बा कि कंपनी पहिलही से बहुत प्राइवेसी अवुरी सेफ्टी फीचर लॉन्च कs चुकल बिया। अब व्हाट्सएप मैसेज सेक्शन में सुरक्षा के एक्स्ट्रा लेयर दे देले बा।

अब केहू सीक्रेट चैट ना पढ़ पाई

बता दीं कि चैट लॉक फीचर व्हाट्सएप से अभी कुछ महीना पहिले ही पेश कईल गईल रहे। एकरा मदद से आप अलग पास कोड के माध्यम से व्हाट्सएप चैट के लॉक कs सकतानी। इs पास कोड फीचर स्मार्टफोन लॉक से अलग बा। अगर रउरा पासकोड सेट कइले बानी तs भलही केहू दोसरा के रउरा फोन के पासवर्ड मालूम होखे बाकिर ऊ रउरा चैट के ना पढ़ पाई।

चैट लॉक सभ लिंक डिवाइस पs काम करी

अब व्हाट्सएप ए चैट लॉक फीचर के पहिले से जादे एडवांस कs देले बा। अब कंपनी इs चैटलॉक फीचर मोबाइल फोन के संगे लिंक डिवाइस पs भी उपलब्ध करा देले बिया। मतलब कि जदी आप अपना प्राथमिक डिवाइस के चैट के लॉक क देनी अवुरी ओकरा बाद व्हाट्सएप के दोसरा डिवाइस पs लिंक क देनी तs उs अपने आप दोसरा डिवाइस पs सक्रिय हो जाई।

चैट लॉक के इs नाया फीचर ओ यूजर खातीर बहुत फायदेमंद होखे वाला बा, जवन कि अलग-अलग डिवाइस पs अपना व्हाट्सएप अकाउंट में लॉगिन करेले। पहिले यूजर के दोसरा डिवाइस से प्राइवेसी लीक होखे के खतरा रहे लेकिन अब अयीसन ना होई। बता दीं कि फिलहाल इs फीचर सिर्फ एंड्रॉयड बीटा वर्जन पs उपलब्ध बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]