[the_ad_group id="30365"]

भोले के इ कइसन भक्त: जीभ काटके शिव लिंग पs चढ़ईलस, बड़ भाई आ मौसी क चुकल बाड़े अइसन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छत्तीसगढ़ के जांजगीर चंपा जिला के डोंगकहरौद के एगो युवक जीभ काट के शिव लिंग के चढ़ा दिहलस। जवना के चलते मंदिर परिसर में खून फैल गईल। घटना के जानकारी मिलला के बाद गांव के लोग के भीड़ जमा हो गईल। पुलिस टीम भी पहुंच गईल। मामला पमगढ़ थाना क्षेत्र के ह।

मिलल जानकारी के मुताबिक जनपद पंचायत पमगढ़ के डोंगा कहरौद में रहेवाला 19 साल के युवक चंद्रशेखर पटेल के घर से 50 मीटर दूर दूमरिहा पोखरा के किनारे शिव मंदिर बा। जवना में उ सबेरे 11 बजे से 12 बजे के बीच पूजा करे पहुंचल रहले। सावन के दूसरा सोमवार के शिवलिंग के पानी चढ़ावे के बाद उ ब्लेड से जीभ काट के चढ़वले। जहाँ मंदिर परिसर में खून फैलल।

जीभ काटे के जानकारी मिलला पs गांव के लोग के भीड़ जुट गईल। गांव के लोग बतवले कि चंद्रशेखर के बड़ भाई सुखीराम उनुकर जीभ काट के महाशिवरात्रि के दौरान शिवलिंग पs चढ़वले रहले। चंद्र शेखर के मौसीओ जीभ काट के शिवलिंग पs चढ़ा देले बाड़ी। पूरा परिवार के भगवान शिव पs अधिका विश्वास बा।

पूरा परिवार खेती के काम करेला। पोखरा के किनारे बनल मंदिर में भी पूजा करेला। सूचना मिलला प जब पुलिस मौका प पहुंचल अवुरी युवक के इलाज खाती अस्पताल ले जाए के कहलस त परिवार के लोग कहले कि, इ हमनी के विश्वास ह अवुरी उनुका के अस्पताल ना ले जाए दिहे। युवक के मंदिर परिसर में ही रखल गईल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]