सुबेरे नाश्ता में उबाल के खाई इs हरियर चना छोलिया, शरीर में भर जाई ताकत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 7, 2024

  चना के अपना आहार के हिस्सा जरूर बनाईं। चना कवनो तरीका से खा सकेनी। भुनाइल चना, उबलल चना भा कच्चा आ हरियर चना ले खा सकेनी। हालांकि लोग कच्चा चना के सब्जी के रूप

Share

हरा चना :फोटो

 

चना के अपना आहार के हिस्सा जरूर बनाईं। चना कवनो तरीका से खा सकेनी। भुनाइल चना, उबलल चना भा कच्चा आ हरियर चना ले खा सकेनी। हालांकि लोग कच्चा चना के सब्जी के रूप में इस्तेमाल करेला, बाकीर आप सबेरे नाश्ता में उबाल के भी खा सकतानी। कुछ लोग हरियर चना के छोलिया भी कहेला। एकर मौसम ठंडा होला बाकिर अब बरखा आ गर्मी में भी ई पावल जाला। इs चना में विटामिन, खनिज अवुरी प्रोटीन भरपूर मात्रा में होखेला। हरियर चना खइला से शरीर के पूरा पोषण मिलेला। इन्यूनिटी के मजबूत करे से लेके ब्लड शुगर के नियंत्रित करे तक इs हरियर चना बहुत बेमारी में फायदेमंद होखेला। रोज सबेरे हरियर चना खाए के फायदा जानीं।

हरियर चना में पोषक तत्व  

हरियर चना के प्लांट बेस्ड फूड मानल जाला। ई पोषक तत्वन के भंडार हवे। हरियर चना खइला से शरीर में भरपूर प्रोटीन, विटामिन ए, विटामिन सी अवुरी विटामिन ई मिलेला। ग्रीन चना में विटामिन बी-कॉम्प्लेक्स के बी 1, बी 2, बी 3 अवुरी बी 5, बी 6 भी होखेला, एकरा अलावे विटामिन के भी पावल जाला।  चना खइला से फाइबर, आयरन, फास्फोरस, सोडियम, मैग्नीशियम, पोटेशियम, सेलेनियम, कैल्शियम जईसन खनिज मिलेला। एकरा में कम कैलोरी, फैट, कार्बोहाइड्रेट, डायटरी फाइबर अवुरी फैटी एसिड पावल जाला।

नाश्ता में हरियर चना खाए के फायदा

•इम्युनिटी क्षमता बढ़ेला- हरियर चना खइला से रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत होला। शरीर के मजबूत बनावे खातिर जरूरी सभ विटामिन अवुरी पोषक तत्व एकरा में पावल जाला। हरियर चना खइला से रउआ कवनो संक्रमण के खतरा से बच सकेनी।

•डायबिटीज में फायदा- हरियर चना में आहार फाइबर भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि ब्लड शुगर के स्तर के सामान्य कs सकता। टाइप 2 डायबिटीज के नियंत्रित करे में मदद करेला। हरियर चना खइला से खून में ग्लूकोज अवुरी लिपिड प्रोफाइल के नियंत्रित कईल जा सकता।

•पाचन स्वस्थ रही – छोलिया यानी हरियर चना में फाइबर भरपूर होला। एकरा के खईला से पाचन तंत्र में सुधार होखेला अवुरी कब्ज के समस्या दूर हो जाला। हरियर चना खइला से पेट स्वस्थ रहेला।

•आंख खातिर फायदेमंद– हरियर चना में विटामिन एs भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि आपके आंख के रोशनी के बेहतर बनावे में मदद करेला। एकरा अलावे इs तनाव से भी बचावेला। आँख के दोसरा समस्या के ठीक करे वाला विटामिन भी पावल जाला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.