Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिका में तेजी से फइलत बा नया नोरोवायरस, जानीं केतना खतरनाक बा आ का होला एकर लछन

2,005

चीन से कोरोना वायरस पूरा दुनिया में फइलला के बाद अमेरिका में एगो नया वायरस लोग के परेशान कs रहल बा। एह वायरस के नाम नोरोवायस हs। अगर सरल भाषा में समझल जाव तs एकरा के ‘विंटर वॉमिटिंग बग’ आ ‘स्टोमक फ्लू’ भी कहल जाला। एह वायरस से प्रभावित आदमी के उल्टी आ दस्त जइसन समस्या के सामना करे के पड़ेला। सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल एंड प्रिवेंशन (सीडीसी) के कहनाम बा कि, आमतौर पs ‘नोरोवायरस’ के नाम से जानल जाए वाला पेट के वायरस फिलहाल अमेरिका के पूर्वोत्तर क्षेत्र में तेजी से फईलता। दिसंबर 2023 से नोरोवायरस के केस तेजी से सामने आ रहल बा।

नोरोवायरस के लछन देखे के मिलेला

सीडीसी के मुताबिक, अमेरिका में नोरोवायरस के जवन मामिला सामने आ रहल बा, ओकरा में उल्टी, दस्त, पेट चाहे आंत में सूजन, तीव्र गैस्ट्रोएंटेराइटिस अवुरी खाए-पीए से जुड़ल समस्या शामिल बा। ई बेमारी कवनो उमिर के लोग के प्रभावित कs सकेला आ ई वायरस जल्दी आ आसानी से फइल जाला। सीडीसी के गाइडलाइन के अनुसार, आमतौर पs संक्रमण के 12 से 48 घंटा बाद नोरोवायरस के लछन लउके लें। अधिकतर लोग 1-3 दिन में ठीक हो जाला, लेकिन कुछ दिन ले संक्रामक रहेला।

ई वायरस कइसे फइलत बा?

ई संक्रमित ब्यक्ति के मल भा उल्टी में छोड़ल छोट-छोट कण सभ के माध्यम से फइल जाला। नोरोवायरस संक्रमित केहू के सीधा संपर्क से फइलल होला, जइसे कि देखभाल कइल, खाना भा बर्तन साझा कइल, भा ओह लोग द्वारा बनावल खाना खइला से। ई संक्रमित आदमी के संपर्क में आवे वाला भोजन के माध्यम से फइल जाला।

नोरोवायरस से कइसे बची

रिपोर्ट के मुताबिक नोरोवायरस के फईले से बचावे खातीर साफ-सफाई के खास ध्यान राखे के चाही। एकरा के फइलला से बचावे खातिर साबुन पानी से हाथ बढ़िया से धोईं। कपड़ा धोवे खातिर गरम पानी के इस्तेमाल करीं। बाहर के खाना खाए से बचे के चाहीं।

नोरोवायरस से मउत 

सीडीसी के आँकड़ा के मोताबिक अमेरिका में नोरोवायरस से सालाना लगभग 1.9 से 2.1 करोड़ बेमारी होला। जवना में संक्रमण के अधिकांश मामिला नवंबर से अप्रैल ले होखेला। हर साल नोरोवायरस के कारण लगभग 109,000 लोग अस्पताल में भर्ती होला आ 900 लोग के मउत होला।

 

 

 

748570cookie-checkअमेरिका में तेजी से फइलत बा नया नोरोवायरस, जानीं केतना खतरनाक बा आ का होला एकर लछन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.