[the_ad_group id="30365"]

NFC Payment: जदि रउआ बिना इंटरनेट आ बिना कार्ड पेमेंट कइल चाहत बानी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह दिन ज्यादातर स्मार्टफोन नियर फील्ड कम्युनिकेशन टेक्नोलॉजी से लैस बा, जवना के NFC के नाम से जानल जाला। जदि रउआ कबो सैमसंग पे भा Google Pay जइसन मोबाइल भुगतान ऐप के इस्तेमाल कइले बानी, तs सायद रउआ पहिलही से जानत होखेम कि NFC कइसे काम करेला।

वाई-फाई भा ब्लूटूथ के उल्था, एनएफसी इंटरैक्शन बहुते कम सीमा तक सीमित बा। स्मार्टफोन के अलावे, रउआ कबो-कबो NFC के टैबलेट, स्पीकर पs देख सकत बानी।

NFC का हs आ कइसे काम करेला

आसान भाषा में समझीं तs NFC के मतलब होला नियर फील्ड कम्यूनिकेशन टेक्नोलॉजी। एह टेक्नोलॉजी में रेडियो फील्ड के माध्यम से डाटा ट्रांसफर कइल जाला। NFC के इस्तेमाल करे खातिर दु गो डिवाइस के एक-दूसरा के करीब लाके डेटा ट्रांसफर भा पेमेंट कइल जाला।

NFC पेमेंट खातिर NFC इनेबल स्मार्टफोन आ एटीएम कार्ड के जरूरत पड़ेला। रउआ बिना इंटरनेट भा बैटरी के NFC से पेमेंट ट्रांसफर कs सकत बानी। NFC के मदद से पईसा ट्रांसफर करे के अलावा वीडियो, कॉन्टैक्ट आ फोटो तक के ट्रांसफर कइल जा सकत बा। एमे ब्लूओ टूथ के जरूरत ना पड़ेला।

एहु चीजन में कs सकत बानी NFC के इस्तेमाल

फास्ट पेयरिंग: NFC के सुविधा ओह डिवाइसन तक फइलल बा जेमे स्क्रीन नइखे। कइयन गो वायरलेस स्पीकर आ हेडफोन एकर स्तेमाल राउर स्मार्टफोन के संगे जानकारी के आदान-प्रदान करे खातिर करेला। आसान फोटो आ वीडियो ट्रांसफर खातिर कुछ कैमरा वाई-फाई डायरेक्ट कनेक्शन के जल्दी से सुरू करे खातिर एकर इस्तेमाल करेले सs।

पब्लिक ट्रांसपोर्ट एक्सेस: हांगकांग, सिंगापुर आ लंदन सहित कइयन गो शहरन में पब्लिक परिवहन खातिर NFC-आधारित कार्ड के इस्तेमाल कइल जाला। कुछ सिस्टम Google पे जइसन भुगतान ऐप्स के संगे सपोर्ट करेला, एहसे रउआ आपन कार्ड के एने-ओने रखला के जरूरत ना पड़े।

कॉन्टैक्टलेस कार्ड पेमेंट: NFC इनेबल्ड डिवाइस के मदद से रउआ अपना स्मार्टफोन के डिजिटल वॉलेट में बदल सकत बानी। एह टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल करे खातिर रउआ ना कार्ड स्वाइप करे के बा आ ना कैश के गिनती करे के बा। बस अपना स्मार्टफोन के NFC इनेबल्ड पेमेंट डेस्क ले जाये के बा आ राउर पेमेंट हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]