Rahul Gandhi सिख लो पऽ अइसन का बोलले जवना पऽ मचल सियासी बवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 10, 2024

अमेरिका में राहुल गांधी के सिखन पर दिहल बयान पs बवाल मचल बा। तीन दिन के अमेरिका दौरा पs गइल राहुल भाजपा आ संघो पs हमला कइले। राहुल सिख के बारे में कुछ बात कहले

Share

अमेरिका में राहुल गांधी के सिखन पर दिहल बयान पs बवाल मचल बा। तीन दिन के अमेरिका दौरा पs गइल राहुल भाजपा आ संघो पs हमला कइले। राहुल सिख के बारे में कुछ बात कहले जवना पs भाजपा के नेता नाराज हो गइले आ उनकर कड़ा आलोचना कइले। भाजपा कहलस कि अगर राहुल भारत में इहे बात कहले रहते तऽ नतीजा के सामना करे के पड़ित।

सिख पs राहुल गांधी के टिप्पणी कांग्रेस के सांसद राहुल गांधी सिख के लेके अइसन बयान देले, जवना से बवाल मच गइल बा। अमेरिका के तीन दिन के दौरा पs आवे वाला राहुल कहले कि हमनी के लड़ाई राजनीति के नइखे, बलुक एह बात पs बा कि कवनो सिख के हक मिलता कि ना।

राहुल सिख के बारे में कुछ कहले, जवना पs भाजपा के नेता नाराज हो गइले आ उनकर कड़ा आलोचना कइले।

सिखन पऽ का बयान देले?

अमेरिका के वर्जीनिया में भारतीय समुदाय के लोग से बातचीत करत राहुल गांधी कहले कि हमनी के लड़ाई इ बा कि भारत में पगरी पहिरे के अनुमति होई कि ना आ सिख लोग गुरुद्वारा जा सकऽतारे कि ना।

सबसे पहले, इ समझे के होई कि लड़ाई कवना बारे में बा। लड़ाई राजनीति के बारे में नइखे। इ सतही बा। लड़ाई एह बारे में बा कि का एगो सिख के भारत में पगड़ी पहीरे के अनुमति दीहल जाई। भा एगो सिख के भारत में कड़ा पहीरे के अनुमति दिहल जाई। भा गुरुद्वारा जाए दिहल जाई। लड़ाई एही बारे में बा आ खाली उनका खातिर नइखे, बल्कि सब धर्म खातिर बा।

भाजपा बोललस हमला 

भाजपा अमेरिका में सिख समुदाय के बारे में राहुल गांधी के टिप्पणी के कड़ा आलोचना कइलस। केंद्रीय मंत्री हरदीप सिंह पुरी कहले कि कांग्रेस के नेता विदेश में संवेदनशील मुद्दा प बोल के ‘खतरनाक धारणा’ पैदा करे के कोशिश करऽतारे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.