[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल में हिंसा : ममता बनर्जी भाजपा प हमला बोलली, कहली कि उ लोग बहरी से गुंडा लेके आईल, हमरा हर समय सतर्क रह के पड़ेला कहे की…’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल में हिंसा : ममता बनर्जी भाजपा प हमला बोलली, कहली कि उ लोग बहरी से गुंडा लेके आईल, हमरा हर समय सतर्क रह के पड़ेला कहे की…’

हिंसा पे ममता बनर्जी : पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी राज्य के कई जगहा होखत हिंसा के लेके एक बेर फेरु भाजपा पे हमला बोलली। उ मंगलवार (4 अप्रैल) के कहली कि भाजपा के लोग कहीं भी कबो भी दंगा क सकतारे। एही से हमरा हर समय सतर्क रहे के पड़ेला। हमनी के हिंसा ना करेनी जा, बंगाल के लोग के हिंसा पसंद नईखे अउरी इ आपराधिक हिंसा ह। हिंसा के जिम्मेदार भाजपा बा, बहरी से गुंडा बंगाल ले अइले।

ममता बनर्जी के आरोप बा कि उ जुलूस में हथियार अउरी कारतूस लेके आईल रहले। का भगवान राम हथियार ले आवे के कहले रहले? एह लोग के ई ना बुझाला कि बंगाल के जनता के दंगा पसंद नइखे | दंगा बंगाल के संस्कृति ना ह। आम लोग दंगा ना करेला। अगर भाजपा से संभव नईखे त दंगा भड़कावे खाती भाड़ा के लोग ले आवेले। दंगाई के कवनो धर्म नईखे, उ सिर्फ राजनीतिक गुंडा हवे।

 

 “भाजपा भगवान राम के नाम बदनाम करतिया”।

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी खेजूरी में कहली कि भाजपा राम नवमी पे हिंसा क के भगवान राम के नाम बदनाम करतिया। एक समुदाय के दोसरा समुदाय के खिलाफ खड़ा क के हिन्दू धर्म के बदनाम क रहल बाड़े। नंदीग्राम, खेजुरी, कोलाघाट, तमलुक के घटना भुला गइल बानी? आज सीपीएम बड़ बात करता, आज भाजपा सीपीएम से सीख के ही इ रास्ता चुनले बिया।

अल्पसंख्यक क्षेत्र में जानबूझ के रैली निकालल”

एकरा से पहिले सोमवार के भी ममता बनर्जी भाजपा पे ए दंगा के फंडिंग करे के आरोप लगवली। उ कहले रहले कि पश्चिम बंगाल में भईल दंगा खातीर भाजपा फंडिंग करेले। भाजपा के लोग जानबूझ के राज्य के अल्पसंख्यक इलाका में बिना अनुमति के रैली निकाल रहल बाड़े। पांच दिन खातिर राम नवमी जुलूस काहे निकालल जाता? जवना दिन मनावल जाला ओहि दिन रउरा अइसन रैली निकाल सकेनी| हमनी के कवनो आपत्ति ना होई, लेकिन अपना संगे हथियार मत लेके जाईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]