[the_ad_group id="30365"]

West Bengal: नंदीग्राम में भिड़ले बीजेपी-टीएमसी कार्यकर्ता, महिला के हत्या के बाद बवाल; सात लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

West Bengal : पश्चिम बंगाल के पूर्व मेदिनीपुर जिला के नंदीग्राम में भाजपा आ सत्तारूढ़ तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के कार्यकर्ता लो के बीच हिंसक झड़प भइल बा। बुधवार देर रात भइल एह झड़प में भाजपा के एगो महिला कार्यकर्ता के मौत हो गइल जबकि पार्टी के सात कार्यकर्ता घायलो भइल बाड़े। भाजपा हमला के आरोप टीएमसी पs लगवले बा। ई घटना नंदीग्राम के सोनचूरा गांव के बतावल जा रहल बा।

लोकसभा चुनाव के छठा चरण के मतदान से पहिले बंगाल के पूर्व मेदिनीपुर जिला के नंदीग्राम में भाजपा आ सत्तारूढ़ तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के कार्यकर्ता के बीच हिंसक झड़प भइल बा। बुध के रात के भइल एह झड़प में भाजपा के एगो महिला कार्यकर्ता के मौत हो गइल जबकि पार्टी के सात कार्यकर्ता घायलो भइल बाड़े।

टीएमसी के कार्यकर्ता लो धारदार हथियार से हमला कइलस : भाजपा

भाजपा हमला के आरोप टीएमसी पs लगवले बा। ई घटना नंदीग्राम के सोनचूरा गांव के बतावल जा रहल बा। स्थानीय भाजपा नेता लो के आरोप बा कि टीएमसी के कार्यकर्ता लो धारदार हथियार से हमला कइलस। हालांकि टीएमसी आरोपन के खारिज कइलस। मृत महिला भाजपा कार्यकर्ता के नांव रथीबाला आड़ी बतावल जा रहल बा। घटना से इलाका में तनाव के माहौल बा।

बंगाल में आठ सीटन पऽ 25 मई के मतदान

बता दी कि पूर्व मेदिनीपुर सहित जंगलमहल के जिलन के आठ सीटन पs छठा चरण में 25 मई के मतदान होखे के बा। बियफे के चुनाव प्रचार के अंतिम दिन बा। ओकरा से पहिले हिंसा के एह घटना से सियासी पारा गरमा गइल बा।

पश्चिम बंगाल में तामलुक, कांथी, घाटल, झाड़ग्राम, मेदिनीपुर, पुरुलिया, बंकुरा, बिशनुपुर लोकसभा क्षेत्रों में चुनाव बा। सब सीटन पs मतदान भोर सात से सांझ छह बजे ले होई। इहाँ कुल प्रत्याशियन के संख्या 79 बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]