वजन घटावे के योग : इ 1 आसन से पेट के चरबी हो जाई कम, बस एकरा के करे के जानि सही तरीका

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2023

वजन घटावे के योग : स्वस्थ रहे खातिर हमेशा योग करे के सलाह दिहल जाला। अगर आप वजन कम करे के चाहतानी त आप अर्ध चक्रासन योग के मदद ले सकतानी। इ अयीसन आसन ह,

Share

वजन घटावे के योग : स्वस्थ रहे खातिर हमेशा योग करे के सलाह दिहल जाला। अगर आप वजन कम करे के चाहतानी त आप अर्ध चक्रासन योग के मदद ले सकतानी। इ अयीसन आसन ह, जवना के अभ्यास से आपके कंधा अउरी छाती के मांसपेशी खिंचाव होला। एकर अभ्यास पेट के चरबी कम करे में भी मदद करेला।

 

अर्ध चक्रासन का होला?

अर्ध चक्रासन के मुख्य रूप से हठयोग के मुद्रा मानल जाला। एकरा के अंग्रेजी भाषा में हाफ व्हील पोज भी कहल जाला।

विशेषज्ञ के कहनाम बा कि अर्ध चक्रासन के अभ्यास से वजन कम करे के अलावे आप बहुत शारीरिक समस्या से दूर रह सकतानी। खास बात इ बा कि इ शरीर के लचीला राखे में मदद करेला। शरीर के दरद आ कमर के दरद से भी राहत मिल सकता।

 

आर्ध चक्रासन करे के सही समय

रउरा सबेरे एकर अभ्यास करीं। एकर अभ्यास करत घरी राउर पेट खाली होखे के चाहीं।

अर्ध चक्रासन विधि 

•सबसे पहिले सीधा खड़ा हो जाइ।

•कमर पे हाथ रखी ।

•धीरे-धीरे हाथ से ऊपरी शरीर के पीछे मोड़ लीं।

•एकरा दौरान आपके धड़ के जतना हो सके पीछे झुकावे के चाही।

•अपना क्षमता के मुताबिक कुछ सेकंड तक ए स्थिति में रहीं।

 

अर्ध चक्रासन के फायदा

•अर्ध चक्रासन पेट के मांसपेशी के मजबूत करेला। संगही पाचन में सुधार करेला।

•रीढ़ के हड्डी के लचीला बनावेला आ कमर के खिंचाव करेला।

•शरीर के क्षमता बढ़ावे के संगे इ अग्न्याशय के उत्तेजित करेला।

• वजन के नियंत्रित करे के संगे इ पेट आ कमर के चरबी के कम करेला।

 

सावधानी बरती

•रीढ़ के हड्डी में दरद होखेवाला लोग के अयीसन ना करे के चाही।

•गर्दन, कंधा आ हाथ में दरद होखला के बावजूद एकर अभ्यास से बची।

 

अस्वीकरण – लेख में दिहल जानकारी के सटीकता, समयबद्धता आ वास्तविकता सुनिश्चित करे के हर संभव प्रयास कइल गइल बा। हालांकि एकर नैतिक जिम्मेदारी खबर भोजपुरी के नइखे। 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.