[the_ad_group id="30365"]

WEF Meeting 2023: क्रिस्टल पुरस्कार के संगे दावोस में सुरू भइल विश्व आर्थिक मंच के वार्षिक बैठक, भारत से ई लोग करी शिरकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

World Economic Forum Meeting at Davos: वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम माने विश्व आर्थिक मंच (WEF) के वार्षिक बैठक सोमार देर रात (भारतीय समयानुसार) स्विटरजरलैंड के दावोस में सुरू हो गइल। एह बैठक में भारत के लगभग सौ प्रतिभागियन सहित हजारो लोग सामिल भइल बा। ई बैठक हफ्ता भर चली। एह दौरान ‘कोऑपरेशन इन ए फ्रैगमेंटेड वर्ल्ड’ पs चरचा कइल जाई।

दरअसल, एह बार मीटिंग के थीम ‘कोऑपरेशन इन ए फ्रैगमेंटेड वर्ल्ड’ राखल गइल बा। एह मीटिंग में यूक्रेन संकट, वैश्विक मुद्रास्फीति, जलवायु परिवर्तन जइसन मुद्दन पs चरचा हो सकत बा। भारत से कइयन गो बड़ नेता आ उद्योगपति एमे सामिल होई लो।

क्रिस्टल पुरस्कार समारोह के संगे सुरुआत

देर रात बैठक के सुरुआत क्रिस्टल पुरस्कार समारोह के संगे भइल। ई पुरस्कार प्रमुख कलाकारन के ओह लोगन के उपलब्धियन खातिर दिहल जाला, जवन समाज के सब नेता लोगन के जोड़े के काम करत बा लो आ आउर लोगन खातिर रोल मॉडल बा लोग। एह क्रम में माया लिन, अमेरिकी थिएटर कलाकार रेनी फ्लेमिंग, अभिनेता इदरिस एल्बा आ सबरीना धोवरे एल्बा के एह पुरस्कार से नवाजल गइल। एकरा बाद ‘आई सी यू’ संगीत कार्यक्रम आयोजित भइल।

विश्व आर्थिक मंच का हs?

WEF एगो अंतरराष्ट्रीय गैर-लाभकारी संगठन हs, जवना के मुख्यालय जिनेवा, स्विट्जरलैंड में बा। ई संगठन वैश्विक राजनीतिक, सामाजिक आ आर्थिक मुद्दन के संबोधित करे खातिर सार्वजनिक आ निजी क्षेत्रन के एक संगे ले आवे पs केंद्रित बा। एकर स्थापना साल 1971 में स्विस-जर्मन अर्थशास्त्री आ प्रोफेसर क्लॉस श्वाब दबाव वाली समस्यन पs वैश्विक सहजोग के बढ़ावा देवे खातिर कइले रहस। WEF के पहिला बैठक दावोस में पांच दशक से बेसी समय पहिले आयोजित कइल गइल रहे, तबे से कर बैठक दावोस में होला। हालांकि, 9/11 हमला के बाद एकजुटता दिखावे के मकसद से साल 2002 में एकर बैठक न्यूयॉर्क में आयोजित भइल रहे।

दावोस में वास्तव में का होला?

आमतौर पs दावोस वैश्विक व्यापार अधिकारियन आ नीति निर्माता के आकर्षित करेला। एमे अमेरिकी राष्ट्रपति, यूरोपीय संघ आ संयुक्त राष्ट्र के शीर्ष नेता, व्यापारिक नेता आ उद्यमी, शिक्षाविद, गैर सरकारी संगठनन के अलावे दुनिया के दोसर देस के बड़े नेता आ उद्योगपतियो सामिल होला। एमे अलग-अलग मुद्दन पs कइयन गो बैठक आ चरचा होला। एमे वैश्विक समस्यो पs चरचा होला। जइसे 2019 में जलवायु परिवर्तन पs खास चरचा भइल रहे।

दावोस 2023: एह साल के एजेंडा में का बा?

दावोस में एह साल के वार्षिक बैठक 16-20 जनवरी तक चली। अबकी बेर के थीम भा एजेंडा ‘कोऑपरेशन इन ए फ्रैगमेंटेड वर्ल्ड’ रखल गइल बा। एमे 5 उप-विषय बा, जेमे ऊर्जा आ खाद्य संकट, मुद्रास्फीति, नवाचार खातिर प्रौद्योगिकी, सामाजिक भेद्यता आ भू-राजनीतिक जोखिम सामिल बा। अबकी बेर संयुक्त राष्ट्र प्रमुख एंटोनियो गुटेरेस आ जर्मन चांसलर ओलाफ स्कोल्ज कुछ प्रमुख हस्तियन में सामिल बा, जवन करीब 400 सरकारी मंत्रियन आ नीति निर्माता, 600 सीईओ आ ब्रिटेन के अभिनेता इदरिस एल्बा सहित आउर लोग संग चरचा करी लोग।

भारत से ई लोग होई सामिल

एह बैठक में भारत से केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव, मनसुख मांडविया, स्मृति ईरानी आ आरके सिंह सामिल होई लो। एकरा अलावे एह कार्यक्रम में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे समेत भारत से कइयन अधिकारी आ कारोबारी सामिल हो सकत बा लोग। पहिले उत्तर प्रदेश के सीएम योगी आदित्यनाथ आ कर्नाटक के सीएम बीएस बोम्मई के नाम रहे, बाकिर ई दुनु लोगन के आवे के संभावना बहुते कम बा। आप नेता राघव चड्ढा, तेलंगाना के मंत्री केटी रामाराव आ तमिलनाडु के मंत्री थंगम थेनारासु इहां आ सकत बा लो। भारतीय बिजनेसमैन में गौतम अडानी, संजीव बजाज, कुमार मंगलम बिड़ला, एन चंद्रशेखरन, नादिर गोदरेज, अजीत गुलाबचंद, सज्जन जिंदल, सुनील मित्तल, रोशनी नादर मल्होत्रा, नंदन नीलेकणि, अदार पूनावाला, ऋषद प्रेमजी आ सुमंत सिन्हा सामिल हो सकत बा लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]