[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Weather: सूरज के तपिश सबेरही करवलस दुपहरिया जइसन एहसास, गर्म हवा ने बढ़वलस मुश्किल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में सूरज के तपिश से हवो गरम हो गइल बा। दिन आ रात के तापमान में 13 डिग्री सेल्सियस के अंतर बा। सुक के सबेरे 10 बजतही दुपहरिया लेखा एहसास होखे लागल। प्रचंड गर्मी से ना दिन में राहत बा आ ना रात में चैन। कूलर आ पंखा बेअसर बा। सुक के अधिकतम तापमान 42.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल आ रात के पारा 28.8 डिग्री सेल्सियस रहे। सबेरे नवे बजे से गरम हवा चलल सुरू हो गइल आ सांझ के छव बजे ले लू सतावत रहल।

एक हफ्ता से अधिकतम तापमान 40-42 डिग्री सेल्सियस मापल जा रहल बा। न्यूनतम तापमान तक 27-28 डिग्री सेल्सियस रिकार्ड कइल जा रहल बा। सनीचर के दिन-रात के तापमान में एक-एक डिग्री सेल्सियस के बढ़न्ती होखे के संभावना बा। गरमी के हाल ई बा कि सबेरे 10 बजे के बाद घर से निकले के लोग हिम्मत नइखे जुटा पा रहल। घाम बर्दाश्त नइखे हो रहल। लू के मार से जनजीवन बेहाल होखे लागल बा।

इस्थिति ई हो गइल बा कि कूलर आ पंखा से दिन में राहत नइखे मिल रहल। अइसन में तनिका राहत मिल रहल बा। कमरा आ दफ्तर से बाहर निकलतही देह में जलन महसूस होखे लागत बा। लोग खरीदारी करे सांझ के जादे निकल रहल बा लो।

आज से चार दिन गरमी से तानिका राहत के आसार

मौसम विशेषज्ञ केसी पांडेय बतवलें कि तपिश भरल गरमी से सनीचर से राहत मिले के आसार बा। पश्चिमी हिमालय क्षेत्र में एगो हलुका पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय हो रहल बा। जवना के असर 10 जून से 13 जून तक पूर्वी यूपी में देखे के मिली। एह दौरान हलुका बादल छाये से गरमी से राहत मिली। कहीं-कहीं बूंदा-बांदियो हो सकत बा।

अइसे बढ़त रहल पारा

तारीख अधिकतम न्यूनतम
2 जून 38.8 28.1
3 जून 39 27
4 जून 39.8 27.1
5 जून 39 25
6 जून 40 26
7 जून 42 27
8 जून 42.5 28.7
9 जून 42.7 28.8
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]