[the_ad_group id="30365"]

Weather : जल्दी सुरू होइ मानसून के तांडव, मौसम विभाग जारी कइलस अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

उत्तर प्रदेश के उमस भरल गरमी से परेशान लोग खातिर मौसम विभाग राहत के खबर लेके आइल बा। अगर सबकुछ ठीक से चलल त जल्दिए राज्य में मानसून के गर्त के चलते भारी से बहुत भारी बरखा के संभावना बा।

मौसम विभाग के अनुसार कानपुर, कानपुर देहात,महाराजगंज, सिद्घार्थनगर, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, फर्रुखाबाद, कासगंज, रामपुर, बरेली, बांदा, चित्रकूट, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, संत रविदास नगर, जौनपुर, देवरिया, गोरखपुर, संतकबीर नगर, बस्ती, कुशीनगर, पीलीभीत, शाहजहांपुर, बदायूं, जलौन, हमीरपुर, महोबा, झांसी, ललितपुर आ ओकरा आसपास के इलाका में गरज आ बिजली गिरला के संभावना बा ।

एकरा संगे मौसम विभाग के पूर्वानुमान के मुताबिक उत्तर प्रदेश के कुछ जिला में छिटपुट बरखा हो सकता। मध्य प्रदेश के सटल जिला में मध्यम से भारी बरखा के साथे गरज आ बिजली गिरला के चेतावनी जारी कइल गइल बा। लखनऊ आ आसपास के जिला में बादल के आवाजाही हो रहल बा। अधिकतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस के आसपास आ न्यूनतम तापमान 27 डिग्री सेल्सियस के आसपास दर्ज कइल जा सके ला।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]