[the_ad_group id="30365"]

पंजाब-यूपी-राजस्थान में कोल्ड डे के अलर्ट : MP सहित 10 राज्यन में कोहरा, दिल्ली में 24 ट्रेन लेट ; तमिलनाडु में बरखा के संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़ समेत उत्तर भारत के राज्यन में ठंड के असर बरकरार बा। पंजाब, उत्तर प्रदेश आ राजस्थान में बियफे के कड़ाका के ठंड के अलर्ट जारी कइल गइल बा।  माउंट आबू में तापमान 0° के नीचे पहुंच गइल। एसे उहवां पs सड़कन पs बरफ के परत देखे के मिली।

देस के 10 राज्यन में दिन के सुरुआत घना कोहरा के संगे भइल। एमे पंजाब, उत्तर प्रदेश, त्रिपुरा, जम्मू-कश्मीर, हरियाणा, दिल्ली, मध्य प्रदेश, बिहार, असम आ राजस्थान सामिल बा। घना कोहरा के कारण पंजाब के बठिंडा में विजिबिलिटी शून्य रिकॉर्ड कइल गइल। ओहिजा, दिल्ली में विजिबिलिटी 50 मीटर रहल। एह वजह से 24 ट्रेन अपना निर्धारित समय पs स्टेशन ना पहुंच सकली सs। राजस्थान से आवे वाली कुछ ट्रेनन छह घंटा तक लेट भइल।

ओने, दखिन के राज्यन में कोहरा के कवनो अलर्ट जारी नइखे कइल गइल। मौसम विभाग के मोताबिक तमिलनाडु, केरल, कर्नाटक आ लक्षद्वीप के कुछ हिस्सन में आज बरखा हो सकत बा।

आगे कइसन रही मौसम

IMD के मोताबिक, उत्तर भारत आ मध्य भारत के 16 राज्यन में सुक के घना कोहरा देखे के मिल सकत बा। एमे राजस्थान, पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, असम, मेघालय, मिजोरम, त्रिपुरा, जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश ओडिशा, बिहार, पश्चिम बंगाल आ सिक्किम सामिल बा।

स्काईमेट के मोताबिक, अगिला 24 घंटा के दौरान हरियाणा, पंजाब आ उत्तरी मध्य प्रदेश के कुछ हिस्सन में सीवियर कोल्ड के इस्थिति बन सकत बा। संगही अगिला 24 घंटा में मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, तमिलनाडु, केरल, लक्षद्वीप, तेलंगाना, कर्नाटक आ छत्तीसगढ़ के कुछ हिस्सन में हलुका बरखा देखे के मिल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]