[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में पारा 40 डिग्री के करीब पहुंचल, 10 राज्यन में पड़त बा झुलसा देवे वाला गरमी, पढ़ीं- मौसम के ताजा हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश में झुलसा देवे वाला गरमी पड़त बा। दिल्ली में जहंवा पारा 40 डिग्री के करीब पहुंचल ग‌इल तs यूपी-बिहार आ दक्षिण भारत में अधिकतम तापमान 43 डिग्री सेल्सियस के पार चल ग‌इल बा। विदर्भ, मराठवाड़ा, रायलसीमा के कईगो हिस्स, मध्य महाराष्ट्र के कुछ हिस्सा, तेलंगाना, छत्तीसगढ़, ओडिशा, उत्तरी मध्य प्रदेश आ गंगीय पश्चिम बंगाल में अधिकतम तापमान 42-44 डिग्री सेल्सियस के बीचे बा।

इहवां पs पड़त बा भीषण गरमी

मौसम विभाग के अनुसार, बिहार, झारखंड, पूर्वी यूपी, छत्तीसगढ़, ओडिशा, तेलंगाना, रायलसीमा, दक्षिण आंतरिक कर्नाटक, तमिलनाडु, पुडुचेरी आ कराईकल, उत्तराखंड, विदर्भ के अलग-अलग हिस्सा में गंगा के तटवर्ती पश्चिम बंगाल के कई गो हिस्सा में तापमान सामान्य से 2-4 डिग्री सेल्सियस ऊपर बा।

एs जगहन पs पारा 44 डिग्री के पार पहुंचल

मौसम विभाग के तरफ से दिहल ग‌इल जानकारी के अनुसार, पिछला 24 घंटा में आंध्र प्रदेश के नान्दयाल में 44.3, तिरुपति में 43.2, ओडिशा के बारीपड़ा में 44.2, बौध में 44.3, पश्चिम बंगाल के आसनसोल में 44, झारखंड के जमशेदपुर में 43.2, उत्तर प्रदेश में 43.6 आ विदर्भ के अकोला में 44 डिग्री सेल्सियस अधिकतम तापमान दर्ज क‌इल ग‌इल। इहवां पs आजू अइसने ही मौसम बनल रहै के संभावना बा।

एs राज्यन में चलींं लू

मौसम विभाग ने बिहार-झारखंड, गंगीय पश्चिम बंगाल, तटीय आंध्र प्रदेश, यनम, रायलसीमा आ ओडिशा में 23 अप्रैल ले लू (हीटवेव) चले के चेतावनी जारी क‌इले बा। सौराष्ट्र-कच्छ, तेलंगाना, तमिलनाडु पुडुचेरी आ कराईकल के अलगे-अलगे हिस्सा में हीट वेव के स्थिति होखे के संभावना बा।

दिल्ली में पारा 40 डिग्री के करीब पहुंचल

दिल्ली में शुक के अधिकतम तापमान 39.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज क‌इल ग‌इल जवन एs मौसम के औसत से तीन डिग्री अधिक बा। आईएमडी के मुताबिक एs साल गरमी के मौसम में ई अब ले दर्ज सबसे अधिक तापमान बा। मौसम कार्यालय शनिचर के आंशिक रूप से बादल छाइल रहेले आ तेज सतही हवा चले के भविष्यवाणी क‌इल बा। एकरे मुताबिक अधिकतम आ न्यूनतम तापमान करीब 39 से 21 डिग्री सेल्सियस के बीचे रह सकेला।

कहवां-कहवां बारिश होई

तेलंगाना, ओडिशा सहित एs राज्यन में गरम लू के चेतावनी, हिमाचल आ उत्तराखंड में गिर सकेना ओला। दिल्ली समेत 6 राज्यन में बारिश से मिली गरमी से राहत, बिहार-बंगाल में पारा 40 डिग्री के पार, लू के अलर्ट अरुणाचल प्रदेश, असम, मेघालय, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम, त्रिपुरा, केरल आ दक्षिण आंतरिक कर्नाटक में भारी बारिश हो सकेला। अरुणाचल प्रदेश में बर्फबारी होला के संभावना बा। जम्मू-कश्मीर आ लद्दाख में गरज के साथे छिटपुट बारिश आ बर्फबारी के संभावना बा। उप-हिमालयी पश्चिम बंगाल, सिक्किम, केरल-माहे आ लक्षद्वीप में गरज के साथे छिटपुट बारिश होले के संभावना बा। उत्तराखंड आ हिमाचल प्रदेश में गरज के साथे छिटपुट बारिश हो सकेला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]