Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मौसम विभाग चेतवलस : यूपी में आज अउर बिहान कहीं घन त कहीं ढ़ेर घन कोहरा के चेतावनी

246
आवे वाला दू दिन कोहरा के लिहाज से चेतावनीपूर्ण बा। एहलिए घर से बहरा ध्यान से निकलीं। खासकर वाहन चलावत घरी बहुत सावधानी बरतीं। मौसम विभाग अभिन दू दिन ले प्रदेश में कहीं घन त कहीं ज्यादा घन कोहरा पसरले के चेतावनी जारी कइल गइल बा। बुधवार अउर बियफे के कड़ाका के ठंड रहे वाला बा।
कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, एसआर नगर, सहारनपुर, मुजफ्फरनग, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद अउर आसपास ढ़ेर घन कोहरा रहे के चेतावनी बा जबकि जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, बलरामपुर, श्रावस्ती, लखीमपुरखीरी, सीतापुर, कानपुर देहात, कानपुर नगर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, शामली, मेरठ, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, कासगंज, एटा, आगरा, फिरोजाबाद, मैनपुरी, रामपुर, बरेली, पीलीभीत अउर एकरे आसपास घन कोहरा रहले के येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।
416710cookie-checkमौसम विभाग चेतवलस : यूपी में आज अउर बिहान कहीं घन त कहीं ढ़ेर घन कोहरा के चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.