[the_ad_group id="30365"]

मौसम विभाग चेतवलस : यूपी में आज अउर बिहान कहीं घन त कहीं ढ़ेर घन कोहरा के चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आवे वाला दू दिन कोहरा के लिहाज से चेतावनीपूर्ण बा। एहलिए घर से बहरा ध्यान से निकलीं। खासकर वाहन चलावत घरी बहुत सावधानी बरतीं। मौसम विभाग अभिन दू दिन ले प्रदेश में कहीं घन त कहीं ज्यादा घन कोहरा पसरले के चेतावनी जारी कइल गइल बा। बुधवार अउर बियफे के कड़ाका के ठंड रहे वाला बा।
कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, एसआर नगर, सहारनपुर, मुजफ्फरनग, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद अउर आसपास ढ़ेर घन कोहरा रहे के चेतावनी बा जबकि जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, बलरामपुर, श्रावस्ती, लखीमपुरखीरी, सीतापुर, कानपुर देहात, कानपुर नगर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, शामली, मेरठ, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, कासगंज, एटा, आगरा, फिरोजाबाद, मैनपुरी, रामपुर, बरेली, पीलीभीत अउर एकरे आसपास घन कोहरा रहले के येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]