[the_ad_group id="30365"]

सुते के समय मोजा पहिरल : सावधान रहीं अगर रात में मोजा पहिन के सुतत बानी त एकरा से नुकसान हो सकेला।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुते के समय मोजा पहिरल : सावधान रहीं अगर रात में मोजा पहिन के सुतत बानी त एकरा से नुकसान हो सकेला।

मोजा से नुकसान: फोटो

जाड़ा के टिप्स : जाड़ा के मौसम में लोग ठंडा हवा से बचे खातीर बहुत कपड़ा पहिने ला। रात के कम तापमान के चलते जाड़ा जादा बढ़ जाला, एहसे लोग गर्मी निहन हल्का कपड़ा पहिनले के बजाय, पूरा तरीका से ढंकल कपड़ा अउरी मोजा पहिन के रात में सुते ला। हालांकि, जदी रात में सुते के समय भी मोजा पहिनत बानी त इ खबर आपके खातीर बा। ठंडा में मोजा पहिरला से गोड़ गरम रहेला अवुरी निमन नींद मिलेला लेकिन मोजा पहिन के सुतला से स्वास्थ्य खाती नुकसानदेह हो सकेला। मोजा पहिन के सुते से बहुत शारीरिक समस्या हो सकेला। खून के संचार प्रभावित हो जाला अउरी बेचैनी अउरी सांस लेवे में दिक्कत होला।
आ जानीं जा , कि मोजा पहिन के सुतला से स्वास्थ्य पर का नुकसान हो सकेला

खून के बहाव पर असर पड़ेला

रात में मोजा पहिन के सुतला से शरीर के खून के बहाव कम हो सकेला। बहुत टाइट मोजा खून के संचार के प्रभावित करेला। एहसे सुते के समय मोजा उतार लीं आ ढीला मोजा पहिनीं।

शरीर के तापमान:फोटो

शरीर के तापमान बढ़ जाला

मोजा के चलते हवा ना गोड़े मे आ पवेला, जवना से शरीर के तापमान बढ़ जाला। जादा गरम होखला के चलते माथा में गर्मी बढ़ सकेला अउरी बेचैनी शुरू हो सकेला।

दिल पर असर पड़ेला

मोजा पहिन के सुतला से दिल के स्वास्थ्य पे भी बुरा असर पड़ सकेला। रात में टाइट मोजा पहिन के सुते से पैर के नस प दबाव पड़ सकेला। एकरा चलते दिल के खून पंप करे खातीर अउरी मेहनत करे के पड़ेला अवुरी सांस लेवे में परेशानी होला।

त्वचा संक्रमण: फोटो

त्वचा के संक्रमण

जाड़ा में लोग दिन भर मोजा पहिरेला, जवना के चलते धूल अउरी गंदगी ओकरा से चिपक जाला। रात में इ मोजा पहिरला से पैर में त्वचा के संक्रमण के खतरा होला। कई बेर कवनो खास कपड़ा के मोजा लोग के सूट ना करेला। एकरा से त्वचा के संक्रमण भी हो सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]