Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कदम मिलाकर चलना होगा…’, युवा लोगन के मोटिवेट करेला अटल जी के इ कविता

अटल बिहारी वाजपेयी के पुण्यतिथि 2023 : भारत के दसवां प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जनम 25 दिसंबर 1924 के ग्वालियर में भइल रहे आ 16 अगस्त 2018 के नई दिल्ली के एम्स अस्पताल में निधन भइल रहे।

372

 

अटल बिहारी वाजपेयी के पुण्यतिथि 2023 : बहुमुखी प्रतिभा से समृद्ध आ महान व्यक्तित्व के धनी महाकवि अटल बिहारी वाजपेयी जी के आज पांचवीं पुण्यतिथि ह। आज देश अपना पूर्व प्रधानमंत्री के नमन कर रहल बा। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह समेत बाकी नेता ‘सदैव अटल’ के नमन करे पहुंचले। वीवीआईपी ‘अटलजी’ के याद कs के फूल चढ़वले।सुलझल राजनेता, प्रखर वक्ता, आ उत्कृष्ट कवि अटल बिहारी वाजपेयी के निधन 16 अगस्त 2018 के हो गइल। 93 साल के उमिर में दिल्ली के ऑल इंडिया इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंसेज (एम्स) में आपन आखिरी सांस लेहले। भले ऊ हमनी के साथे ना रहस बाकिर उनुकर संदेश, भाषण आ कविता हमेशा उनुकर मौजूदगी के अहसास करावेला। इहाँ पढ़ीं ओह कविता में से एगो कविता जवना के शीर्षक बा ‘कदम मिलाकर चलना होगा’।

 

शीर्षक- कदम मिलाकर चलना होगा 

बाधाएं आती हैं आएं

घिरें प्रलय की घोर घटाएं,

पांवों के नीचे अंगारे,

सिर पर बरसें यदि ज्वालाएं,

निज हाथों से हंसते-हंसते,

आग लगाकर जलना होगा

कदम मिलाकर चलना होगा

 

हास्य-रुदन में, तूफानों में,

अमर असंख्यक बलिदानों में,

उद्यानों में, वीरानों में,

अपमानों में, सम्मानों में,

उन्नत मस्तक, उभरा सीना,

पीड़ाओं में पलना होगा

कदम मिलाकर चलना होगा

 

उजियारे में, अंधकार में,

कल कछार में, बीच धार में,

घोर घृणा में, पूत प्यार में,

क्षणिक जीत में, दीर्घ हार में, 

जीवन के शत-शत आकर्षक,

अरमानों को दलना होगा

कदम मिलाकर चलना होगा।

 

सम्मुख फैला अमर ध्‍येय पथ,

प्रगति चिरन्तन कैसा इति अथ,

सुस्मित हर्षित कैसा श्रम श्लथ,

असफल, सफल समान मनोरथ,

सब कुछ देकर कुछ न मांगते,

पावस बनकर ढलना होगा

कदम मिलाकर चलना होगा

 

कुश कांटों से सज्जित जीवन,

प्रखर प्यार से वञ्चित यौवन,

नीरवता से मुखरित मधुवन,

पर-ह‍ति अर्पित अपना तन-मन,

जीवन को शत-शत आहुति में,

जलना होगा, गलना होगा

कदम मिलाकर चलना होगा

बता दी कि अटल बिहारी वाजपेयी के जनम 25 दिसम्बर 1924 के ग्वालियर में भइल रहे। उ तीन बेर देश के प्रधानमंत्री रहले। कवि आ साहित्यकार के रूप में उनकर कविता आ रचना होखे भा प्रधानमंत्री के रूप में पोखरण-2 आ कारगिल युद्ध, देश के युवा लोग के ऊ हमेशा से उत्साह से भरले बाड़न। उ राष्ट्र निर्माता रहले, जिनकर मकसद भारत के विश्व शक्ति बनावल रहे। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्वीट क के वाजपेयी के पुण्यतिथि पs श्रद्धांजलि देले। उ अपना ट्वीट में लिखले कि, ‘भारत के उनुका नेतृत्व से बहुत फायदा भईल बा।’ भारत के प्रगति के बढ़ावा देवे अवुरी ओकरा के 21वीं सदी में ले जाए में बहुत क्षेत्र में उनुकर अहम भूमिका रहे। पीएम कहले कि, भारत के 140 करोड़ जनता के ओर से हम अटल जी के पुण्यतिथि पs श्रद्धांजलि देतानी।

 

 

625580cookie-checkकदम मिलाकर चलना होगा…’, युवा लोगन के मोटिवेट करेला अटल जी के इ कविता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.