‘हमहूं तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई…’, राहुल के ट‍िप्‍पणी पऽ फैजाबाद सांसद अवधेश प्रसाद के बड़ बयान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 2, 2024

राहुल गांधी के ह‍िंदू समाज पs कइल गइल ट‍िप्‍पणी के लेके हंगामा मचल बा। एह मामला में फैजाबाद (अयोध्या) से सांसद अवधेश प्रसाद के प्रत‍िक्र‍िया सामने आइल बा। कहले  हम भाजपा के लोगन के बुद्धिमत्ता

Share

राहुल गांधी के ह‍िंदू समाज पs कइल गइल ट‍िप्‍पणी के लेके हंगामा मचल बा। एह मामला में फैजाबाद (अयोध्या) से सांसद अवधेश प्रसाद के प्रत‍िक्र‍िया सामने आइल बा। कहले  हम भाजपा के लोगन के बुद्धिमत्ता के बारे में ज्यादा कुछ नइखी कह सकत बाकिर राहुल गांधी ने पूरा हिंदू समुदाय पs कवनो आपत्तिजनक टिप्पणी नइखन कइले। उऽ कहले अरे हमहू तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई!

लोकसभा में नेता प्रत‍िपक्ष राहुल गांधी के ‘ह‍िंदू समाज’ पs कइल गइल ट‍िप्‍पणी के लेके हंगामा मचल बा। बीजेपी व‍िपक्ष पs हमलावर बिया, उहे व‍िपक्षी नेता लो के कहनाम बा क‍ि राहुल के बयान बीजेपी खातिर रहे। अब एह मामला में फैजाबाद (अयोध्या) से सांसद अवधेश प्रसाद के प्रत‍िक्र‍िया सामने आइल बा।

अवधेश प्रसाद कहले, “हम भाजपा के लोगन के बुद्धिमत्ता के बारे में ज्यादा कुछ नइखी कह सकत बाकिर राहुल गांधी ने पूरा हिंदू समुदाय पs कवनो आपत्तिजनक टिप्पणी नइखन कइले”। उऽ कहले – “अरे हमहू तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई”!

राहुल गांधी लोकसभा में का कहलें?

राहुल कहले, ” हमनी के महापुरुषन लो ई संदेश देलस- डेरा मत, डेरवावऽ मत। शिवजी कहे लन- डेरा मत, डेरावव मत आ त्रिशूल के जमीन में गाड़ देवेले। दूसरका ओर जवन लोग अपना आप के हिंदू कहेला उऽ 24 घंटा हिंसा-हिंसा-हिंसा… नफरत-नफरत-नफरत… ई लोग हिंदू हइले ना हऽ। हिंदू धर्म में साफ लिखल बा सच के साथ देवे के चाहीं।”

ई भाजपा के रणनीत‍ि हऽ: अखि‍लेश यादव 

एकरा से पहिले सपा प्रमुख अखि‍लेश यादव से राहुल गांधी के भाषण आ उनकर ‘हिंदू’ टिप्पणी के लेके सवाल पूछल गइल रहे। जवाब में उऽ कहले, “अग्निवीर(योजना), ओपीएस आ किसानन के मुद्दा कायम बा। सरकार भलही नया होखे, बाकिर मुदा पुरान बा… ई भाजपा के रणनीति हऽ।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.