[the_ad_group id="30365"]

WB Panchayat Polls: कूचबिहार के दु गुटन के बीच हिंसक झड़प; एगो के मउत, पांच के घायल होखे के खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पश्चिम बंगाल में पंचायत चुनाव से पहिले हिंसा के घटना जारी बा। पिछला दिने कूचबिहार के गीतलदाहा में दू गो समूह के बीच झड़प भइल रहे। एह दौरान एक आदमी के मउत हो गइल आ पाँच जने घवाहि हो गइलें। कूचबिहार के एसपी सुमित कुमार बतवले कि सोमवार के सबेरे गीतलदाहा में दु समूह के बीच झड़प भईल। एह दौरान पांच लोग के गोली मार दिहल गईल। मरेवाला में से एक के पहचान बाबू हक के रूप में भईल बा। वर्तमान में स्थिति शांतिपूर्ण बा। मौका पs पुलिस मौजूद बिया।

हालांकि कुछ मीडिया रिपोर्ट में दावा कईल जाता कि कूच बिहार में भईल हिंसक झड़प तृणमूल कांग्रेस कार्यकर्ता के दु समूह के बीच भईल बा। पुलिस के दावा बा कि ए हिंसा में बांग्लादेशी अपराधी के हाथ हो सकता।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]