Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Watch: RJD के ताबूत वाला बयान पs भड़कन पशुपति पारस, लालू यादव के पार्टी खातीर का बोलले केंद्रीय मंत्री?

पशुपति कुमार पारस : राजद के नयका संसद भवन के चिता से तुलना करत विवादित ट्वीट पे केंद्रीय मंत्री पशुपति कुमार पारस के बयान सोझा आईल बा।

1,167

 

पटना : नयका संसद भवन के उद्घाटन रविवार के नई दिल्ली में पीएम मोदी कईले। लालू यादव के पार्टी आरजेडी के ओर से नयका संसद के लेके भईल ट्वीट के लेके राजनीतिक हलचल तेज हो रहल बा। खाली बिहार से ना बलुक देश भर से नेता लोग के बयान सामने आ रहल बा। मामला के लेके अलग-अलग दल के नेता लोग के ओर से आरोप अवुरी जवाबी आरोप के दौर चलता। एही बीच केंद्रीय मंत्री पशुपति कुमार पारस के बयान भी सोझा आईल बा।

केंद्रीय मंत्री पशुपति कुमार पारस का कहले?

आरजेडी के बयान पे केंद्रीय मंत्री पशुपति कुमार पारस कहले कि इ कवनो निमन बात नईखे। उ ट्वीट में कहले कि, हो सकता कि उनुका (आरजेडी) के ए प्रकार के शिक्षा मिलल होई। देश खातिर ई एगो गर्व के पल रहल बाकिर ई (आरजेडी) लोग ट्विटर पे कुछुओ लिख रहल बा, ई कवनो बढ़िया बात नइखे। उ कहले कि देश के आजादी के बाद इ पहिला मौका बा जब देश के जनता गर्व महसूस करतिया।

जान लीं कि पूरा बात का बा?

दरअसल रविवार के नयका संसद भवन के उद्घाटन के बाद लालू यादव के पार्टी राजद के नयका संसद भवन के लेके विवादित ट्वीट सोझा आईल। एकरा माध्यम से पार्टी नयका संसद भवन में तंज कसले। आरजेडी ट्वीट क के नयका संसद भवन के तुलना ताबूत से कईले बिया। ताबूत के संगे नयका संसद भवन के फोटो शेयर करत राजद ट्वीट कईलस- “ई का ह?”। एकरा पे भाजपा जवाबी कार्रवाई कईले बिया। भाजपा कहलस कि इहे बेशर्मी के ऊंचाई बा। भाजपा राजद सांसद से इस्तीफा के मांग कइले बिया।

भाजपा नेता दुष्यंत गौतम कहले- भारत पहिले शून्य के भीतर बईठल रहे?

दूसर ओर आरजेडी के विवादित ट्वीट पे भाजपा नेता दुष्यंत गौतम रविवार के कहले रहले कि उनुकर काम सिर्फ मोदी जी के विरोध कईल बा। का भारत पहिले जीरो के भीतर बईठल रहे?पहिले संसद के आकार जीरो निहन रहे, त का भारत तब जीरो निहन धरातल पे जात रहे।

 

 

 

554070cookie-checkWatch: RJD के ताबूत वाला बयान पs भड़कन पशुपति पारस, लालू यादव के पार्टी खातीर का बोलले केंद्रीय मंत्री?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.