[the_ad_group id="30365"]

टाटा प्ले में आपन 29.8% हिस्सेदारी रिलायंस के बेची वॉल्ट-डिज्नी : डील सफल भइल तs अंबानी-टाटा के बीच ई पहिला कोलैबोरेशन होई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड (RIL) टाटा ग्रुप के टीवी आ वीडियो स्ट्रीमिंग सर्विस प्रोवाइडर ‘टाटा प्ले’ में 29.8% स्टेक खरीदे जा रहल बा। रिलायंस ई स्टेक वॉल्ट डिज्नी से किनी। बिजनेस स्टैंडर्ड सूत्रन के हवाले से एह बात के जानकारी देले बा।

रिपोर्ट के मोताबिक डील अभी डिस्कशन फेज में बा। जदि ई डील सफल हो जात बा, तs अंबानी आ टाटा ग्रुप के बीच ई पहिला कोलैबोरेशन होई। टाटा प्ले में टाटा संस के 50.2% आ  डिजनी के 29.8% हिस्सेदारी बा। ओहिजा बाकी के शेयर सिंगापुर के टेमासेक के लगे बा।

टाटा प्ले के कंज्यूमर्स के जियो सिनेमा के कंटेंट दी रिलायंस

एह डील से जियो सिनेमा के पहुंच टाटा प्ले के प्लेटफॉर्म तक हो जाई। रिपोर्ट के मोताबिक, रिलायंस टाटा प्ले के कंज्यूमर्स के अपना जियो सिनेमा के सब कंटेंट ऑफर करी।

IPO में शेयर ऑफर करे वाली रहे डिज्नी

एकरा पहिले डिज्नी कंपनी के इनिशियल पब्लिक ऑफरिंग (IPO) में आपन हिस्सेदारी ऑफर करे वाली रहे। बाकिर कंपनी टाटा प्ले के लिस्टिंग टल जाये के वजह से ई फैसला लेले रहे।

टेमासेको आपन 20% स्टेक बेचल चाहत रहे

एक साल पहिले टाटा प्ले के तीसरका स्टेकहोल्डर टेमासेक  कंपनी में आपन 20% हिस्सेदारी बेचे खातिर टाटा ग्रुप से बात कइले रहे। एह डील के वैल्यू एक बिलियन डॉलर (करीब 8,301 करोड़ रुपिया) थी। बाद में ई एग्रीमेंट आगे ना बढ़ पाइल रहे।

तीसरका तिमाही में कंपनी के 105 करोड़ के लॉस भइल

एह डील के बैंकर्स के टीम टाटा प्ले में डिज्नी के इवैल्यूएशन कs रहल बिया। पिछला कुछ सालन में टाटा प्ले के नेटफ्लिक्स, हॉटस्टार, जियो सिनेमा आ अमेजन प्राइम से काफी कॉम्पिटिशन मिलल बा। मार्केट शेयर बंट गइला के चलते वित्त वर्ष 2023-24 के तीसरका तिमाही में कंपनी के 4,499 करोड़ रुपिया के रेवेन्यू पs करीब 105 करोड़ रुपिया के लॉस भइल रहे। जबकि, एक साल पहिले 4,741 करोड़ रुपिया के रेवेन्यू पs कंपनी के 68.60 करोड़ रुपिया के प्रॉफिट भइल रहे।

वॉल्ट डिज्नी लीनियर टीवी भारत में आपन हिस्सेदारी बेच रहल बिया 

हाले में वॉल स्ट्रीट जर्नल के एगो रिपोर्ट में बतावल गइल रह रहे कि वॉल्ट डिज्नी भारत में आपन लीनियर टीवी, कंटेंट आ OTT बिजनेस रिलायंस के 3.9 बिलियन डॉलर (करीब ₹24,903 करोड़) के वैल्यूएशन पs बेच रहल बिया। लीगल प्रॉसेस पूरा हो गइला के बाद एह डील के अनाउंस होखे के उम्मीद बा।

कंपनियन के बीच साइन कइल गइल MOU के मोताबिक एह डील में डिज्नी आ रिलायंस के लगे 40% आ 51% स्टॉक होई। जबकि TV नेटवर्क आ OTT बिजनेस में 9% हिस्सेदारी बोधि ट्री के लगे होई। बोधि ट्री मीडिया इंडस्ट्री के दिग्गज जेम्स मर्डोक आ डिज्नी इंडिया के पूर्व प्रमुख उदय शंकर के जॉइंट वेंचर हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]