Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कमर आ पेट के चरबी फ़िगर बिगाड़ देला, गरमी के इ 4 पेय .. वजन कम करी

1,269

 

फैट बर्न ड्रिंक : वजन बढ़ रहल बा आ एकरा के काबू में राखे के आपके सभ प्रयास असफल हो गईल बा। त आज हमनी के कुछ फैट बर्नर ड्रिंक बतावे जा रहल बानी जा जवन कि आपके वजन कम करे में मदद क सकेला।

वजन बढ़ल आज के समय के सबसे बड़ समस्या में से एगो बा। बहुत जादा वजन आसानी से बहुत बेमारी के चपेट में आ सकता। एही कारण से आपके वजन के काबू में राखे के सलाह दिहल जाता, वजन बढ़े से बचावे खातीर जरूरी बा कि आप अपना जीवनशैली आ खानपान के बेहतर तरीका से राखी। कब, का, कवना समय अवुरी कवना मात्रा में खा रहल बानी, इ बहुत जरूरी बा। अगर आप बहुत भारी अवुरी चर्बी वाला चीज़ खातानी, त इ सुनिश्चित करे के चाही कि आप ओतने मात्रा में चरबी जराई। एकरा अलावे कुछ अयीसन चीज़ के अपना आहार में शामिल करीं जवन कि आपके एकरा में मदद क सकता। आज हमनी के कुछ घर के बनावल पेय के बारे में बताईब जा जवन कि आपके वजन कम करे में मदद क सकता-

 

नींबू पानी 

गरमी से राहत पावे आ वजन कम करे खातीर नींबू के पानी के सेवन कईल जा सकता। नींबू में पावल जाए वाला तत्व चरबी जरे के काम क सकता। एकरा संगे इ पाचन के स्वस्थ राखे में भी मदद क सकता।

संतरा के जूस

संतरा के रस में विटामिन सी भरपूर मात्रा में होखेला। वजन कम करे खातिर एकर सेवन भी क सकेनी।

छाछ

गरमी में लोग छाछ के बहुत सेवन करेला। शरीर के हाइड्रेटेड राखे के संगे इ वजन कम करे में भी मदद क सकता। एकरा संगे करिया नमक डाल के एकर सेवन कईल त बेहतर होई।

जीरा पानी 

वजन कम करे खातिर आप ए पेय के भी शामिल क सकतानी। रोज सबेरे खाली पेट जीरा पानी के सेवन से वजन कम करे में मदद मिल सकता

 

अस्वीकरण: ई लेख खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे।अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

 


 

528610cookie-checkकमर आ पेट के चरबी फ़िगर बिगाड़ देला, गरमी के इ 4 पेय .. वजन कम करी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.