Share Market : रिलायंस आ आईसीआईसीआई बैंक के शेयरन में खरीदारी, सुरुआती कारोबार में उछलल शेयर बाजार

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2025

बिजनेस डेस्क। शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक बियफे के रिलायंस इंडस्ट्रीज आ आईसीआईसीआई बैंक जइसन बड़ कंपनियन के शेयरन में खरीदारी के बीच सकारात्मक रुख के संगे कारोबार के सुरुआत कइलस। 30 शेयरन वाला बीएसई

Share

बिजनेस डेस्क। शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक बियफे के रिलायंस इंडस्ट्रीज आ आईसीआईसीआई बैंक जइसन बड़ कंपनियन के शेयरन में खरीदारी के बीच सकारात्मक रुख के संगे कारोबार के सुरुआत कइलस। 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स सुरुआती कारोबार में 373.33 अंक चढ़के 82,231.17 पs पहुंच गइल। अइसही 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 94.3 अंक बढ़के 25,144.85 पs आ गइल।

केकरा फायदा-केकरा नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में बजाज फिनसर्व, रिलायंस इंडस्ट्रीज, ट्रेंट, आईसीआईसीआई बैंक, टाटा मोटर्स आ भारत इलेक्ट्रॉनिक्स सबसे जादे फायदा में रहल। हालांकि, इटरनल, हिंदुस्तान यूनिलीवर, इंफोसिस आ टेक महिंद्रा पिछड़ गइल। बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) बुध के 1,100.09 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लोग, जबकि घरेलू संस्थागत निवेशक (डीआईआई) 1,806.34 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लोग।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

का कहत बा लो विशेषज्ञ?

बाजार विशेषज्ञन के माने के बा कि प्रस्तावित जीएसटी सुधारन आ हाले में क्रेडिट रेटिंग में सुधार से निवेशकन के विश्वास बढ़ल बा। जियोजित इन्वेस्टमेंट्स लिमिटेड के मुख्य निवेश रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलें, ‘बाजार में एगो दिलचस्प रुझान ई बा कि अमेरिका में गिरावट के रुख के विपरीत भारत में लगातार तेजी जारी बा। अमेरिका में संभावित बढ़त मुद्रास्फीति के चिंता उहां के बाजार पs दबाव बना रहल बा। ओहिजा, भारत में साहसिक सुधार पहल आ बाजार में निरंतर धन प्रवाह बाजार के लचीलापन प्रदान कs रहल बा।’

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी आ शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक सकारात्मक दायरा में कारोबार करत रहे, जबकि जापान के निक्केई 225 सूचकांक आ हांगकांग के हैंग सेंग लाल निशान पs कारोबार करत रहे। बुध के अमेरिकी बाजार जादेतर गिरावट के संगे बंद भइल। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.43 प्रतिशत बढ़के 67.13 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

बीतल दिन के हाल

एकरा पहिले पिछला कारोबारी दिन माने बुध के लगातार पांचवां दिन तेजी के संगे सेंसेक्स 213.45 अंक भा 0.26 फीसदी चढ़के 81,857.84 पs बंद भइल रहे। अइसही निफ्टी 69.90 अंक भा 0.28 प्रतिशत बढ़के 25,050.55 पs पहुंच गइल रहे।

Read Also : Delhi Bomb Threat : दिल्ली के छव गो स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी के आइल ईमेल, मचल हड़कंप; खाली करावल गइल कैंपस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.