[the_ad_group id="30365"]

21 राज्यन के 102 सीटन पs  वोटिंग काल्ह : 2019 में भाजपा 40, DMK 24, कांग्रेस 15 आ अन्य 23 सीट जीतले रहे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2024 लोकसभा चुनाव के फर्स्ट फेज में सुक के 19 अप्रिल के  21 राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के 102 सीटन पs वोटिंग होई। 2019 में एह सीटन पs सबसे जादे भाजपा 40, DMK ने 24, कांग्रेस ने 15 सीट जीतले रहे। अन्य के 23 सीट मिलल रहे।

चुनाव आयोग के मोताबिक, इलेक्शन के पहिला फेज में कुल 1,625 कैंडिडेट्स मैदान में बा लो, जेमे 1,491 पुरुष आ  134 महिला उम्मीदवार रहे लो । एमे महिला खाली 8% बा।

एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म (ADR) 1,618 उम्मीदवारन के हलफनामा में दिहल गइल जानकारी पs एगो रिपोर्ट तइयार कइले बा। एमे से 16% माने 52 उम्मीदवार पs क्रिमिनल केस दर्ज बा।

ओहिजा, 450 माने 28% उम्मीदवार करोड़पति बा लो। एह लोगन के लगे एक करोड़ भा ओकरा से जादे के संपत्ति बा। 10 लोग आपन संपत्ति जीरो बतवले बा लो, जबकि तीन के लगे 300 से 500 रुपिया के संपत्ति  बा।

161 कैंडिडेट्स पर हत्या, किडनैपिंग जैसे गंभीर मामले दर्ज

ADR के रिपोर्ट के मोताबिक, 10% माने 161 कैंडिडेट अइसन बा लो जेकरा पs हत्या, किडनैपिंग जइसन गंभीर ममिला दर्ज बा। सात उम्मीदवारन पs संपत्ति  हत्या आ  19 पs हत्या के कोसिस के ममिला बा।

18 उम्मीदवारन पs महिलन के खिलाफ अपराध के ममिला दर्ज बा। एमे से एगो पs रेप के ममिला तक दर्ज बा। ओहिजा, 35 कैंडिडेट्स पs हेट स्पीच से जुड़ल ममिला दर्ज बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]